[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: मूंगफली से जुआ के खेल खेला के जालसाजी करे के आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : कैंट पुलिस गुरुवार के मूंगफली से जुआ खेल के धोखा देवे वाला युवक के गिरफ्तार क लेलस। आरोपी के लगे से 20 हजार रुपिया बरामद हो चुकल बा। आरोपी ठेका देवे के बहाने फर्नीचर व्यापारी पंचम निषाद के फोन क के होटल में ले गईल रहले अवुरी खेले के बहाने जालसाजी कईले रहले।

प्रभारी निरीक्षक कैंट रणधीर मिश्रा बतवले कि आरोपी मुरलीधर यादव बेटा संतराम यादव गाेला थाना के जंगल सरया बेलवरिया जप्ती के निवासी हवे। मुरलीधर लोग के गणितीय रूप से सम संख्या वाला संख्या के आधार पs मूंगफली, चना, राजमा भा अइसने छोट-छोट सामान से जुआ खेले के काम करावेला। जुआ पs दांव लगावे वाला जवन नंबर चुनेला, ऊ नंबर आखिरी रह जाला आ ओकरा नंबर पs लगावल पइसा के नुकसान हो जाला।आरोपी व्यापारी पंचम के बोला के इहे खेल खेलले अवुरी ओकरा बाद उनुका के हारल कह के पईसा के रंगदारी करे लगले। व्यापारी के लागल कि उ ठगी के शिकार हो गईल बा, त उ केस दर्ज करइले बा।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]