UP: यूपी रोडवेज देलस छात्रन के बड़ तोहफा, एमएसटी से किराया में मिली एतना छूट; जानके खुसी से उछल पड़ेंम

रोडवेज बस

Share

UP: रोडवेज बसन में अब स्मार्ट एमएसटी कार्ड बनी। एकरा से यात्रियन, खासतौर पs छात्र-छात्रा के सफर आसान हो सकी। उ आसानी से कार्ड रिचार्ज कs के कम दाम में यात्रा कs सकी लो। रोडवेज के अधिकारी बतावल लोग कि जिला मुख्यालय से 60 किलोमीटर के दायरा में छात्रन के एह छूट के लाभ मिली।

ऊ बतवलें कि छात्र से एमएसटी पs 25 यात्रा के किराया लिहल जाला। महीना में खाली 60 यात्रा के अनुमति होई। छात्र पहचान पत्र साथ में रखल अनिवार्य होई। मथुरा नया बस स्टेशन इंचार्ज राजेंद्र चतुर्वेदी बतवलें कि एमएसटी बनवला पs 300 रुपये जमा करावे के होई। एमएसटी से छात्रन के सामान्य यात्रा के तुलना में करीब 40 फीसदी तक के बचत होई। एकरा के कवनो बस स्टेशन से रिचार्ज करवावल जा सकी।

ऊ कहलें कि जिला मुख्यालय तक हर दिन पढ़े आवे वाला छात्रन के किराया में बहुते राहत मिलली। अभी तक 35 छात्र आवेदन कइले बा लो। एमएसटी जारी कइल जा रहल। उ कहलें कि छात्र-छात्रा के दुगो पासपोर्ट फोटो, आधार कार्ड, हाईस्कूल के मार्कशीट आ स्कूल कॉलेज के ओर से प्रमाणित परिचय पत्र जमा करे के होई। ऊ बतवलें कि वर्तमान में जिला में 160 बसन के संचालन अलग-अलग रूट पs हो रहल ना, जेमे रोजाना छात्र आ यात्री यात्रा करत बा लो। एआरएम मदन मोहन शर्मा बतवलें कि छात्र खातिर विशेष छूट दिहल गइल बा।

Read Also: Test Cricket: अब चार दिन के होई टेस्ट मैच, एह नियम के कब से लागू करी ICC? भारत सहित तीन टीम रही अपवाद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-