[the_ad_group id="30365"]

UP News : यूपी में बीएड प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट जारी: 362 नंबर के संगे सूरज कुमार टॉप कइलें; 3 लाख छात्र देले रहे लो परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एजुकेशन डेस्क। झांसी के बुंदेलखंड यूनिवर्सिटी मंगर के बीएड प्रवेश परीक्षा के परिणाम घोषित कs देलस। मिर्जापुर के सूरज कुमार पटेल टॉप कइले बाड़ें। उनका 400 में से 362.66 अंक मिलल बा। भदोही के शीबा परवीन के 333.992 अंक के संगे दूसरका रैंक मिलल बा। जौनपुर के शिवांगी यादव के तीसरा रैंक आइल बा। उनका 331.992 अंक मिलल बा।

1 जून के 69 जिलन में 751 परीक्षा केंद्रन पs प्रवेश परीक्षा के आयोजन कइल गइल रहे। प्रवेश परीक्षा के खातिर 3 लाख 44 हजार 546 अभ्यर्थी रजिस्ट्रेशन करववले रहे लोग। एमे से 3 लाख 5 हजार 99 अभ्यर्थी परीक्षा देले रहे लोग। पूरा प्रदेश में बीएड के 2.40 लाख सीट बा। करीब 2300 बीएड कॉलेज बा।

अइसे चेक करीं रिजल्ट

सबसे पहिले ऑफिशियल वेबसाइट bujhansi.ac.in पs जाईं।
होम पेज पs UTTAR PRADESH B.ED. JOINT ENTRANCE EXAMINATION 2025 लिंक पs क्लिक करीं।
नया पेज पs CLICK HERE TO DOWNLOAD SCORE CARD पs क्लिक भरीं।
यूजर आईडी आ पासवर्ड दर्ज कsके लॉगिन करीं।
अब रिजल्ट स्क्रीन पs ओपन हो जाई, जवना के रउआ डाउनलोड कs सकत बाड़ें।

पिछला साल अलीगढ़ के मनोज कुमार टॉप कइले रहस

पिछला साल अलीगढ़ के आर्ट स्ट्रीम के स्टूडेंट मनोज कुमार टॉप कइले रहस। उनका 400 में 344.67 अंक मिलल रहे। टॉप-20 मेरिट लिस्ट में 14 छात्र सामिल रहे लो, जबकि 6 छात्रा जगह बनवले रहे लो।

Read Also: UP: यूपी रोडवेज देलस छात्रन के बड़ तोहफा, एमएसटी से किराया में मिली एतना छूट; जानके खुसी से उछल पड़ेंम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]