[the_ad_group id="30365"]

जनरथ बस के घटल किराया अब दिल्ली ले 321 रुपिया में करीं एसी बस के सफर

जनरथ बस के घटल किराया
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जाड़ा के चलते सड़क मार्ग के एसी बस में यात्री में कमी आईल बा। साथ ही अब एसी के जरूरत नइखे। एहसे सरकार जनरथ बस के किराया में कमी कइले बिया. मुरादाबाद से दिल्ली ले एसी बस में 321 रुपया में जा सकतानी। अब ले टू बाय टू जनरथ बस में किराया 380 रुपया रहे।
जबकि दिल्ली ले थ्री बाय टू जनरथ बस के किराया 329 रुपया से घटा के 296 रुपया हो गईल बा। किराया में इs कमी मुरादाबाद से लेके मेरठ, अलीगढ़, आगरा, बरेली, लखनऊ वगैरह ले के सब शहर खातिर कइल गइल बा। ई व्यवस्था 25 दिसंबर 2024 से 28 फरवरी 2025 ले लागू रही.

मुरादाबाद परिक्षेत्र के आरएम ममता सिंह बतवली कि मुरादाबाद अवुरी पीतलनगर डिपो से रोज औसतन 30 एसी बस अलग-अलग शहर में चलेला। अधिकांश यात्री दिल्ली, हरिद्वार, लखनऊ रूट पs रहेले। जाड़ा में एह रूट पs यात्रियन के संख्या में भी कमी आइल बा।

एह से किराया कम हो गइल बा। सामान्य रोडवेज बस के किराया में कवनो अंतर नइखे आइल. आरएम बतवले कि इलाका के मुरादाबाद, पीतलनगरी, रामपुर, अमरोहा, बिजनौर, नजीबाबाद, चांदपुर, नूरपुर डिपो के एआरएम के नया किराया के संबंध में जानकारी जारी कs दिहल गईल बा।
ईटीएम में भी नया किराया अपलोड कs दिहल गइल बा। 25 दिसंबर के सबेरे से यात्रियन से कम दर से किराया लिहल जा रहल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]