Atiq Ashraf Murder: अतीक के दफ्तर में मिलल खून के धब्बा आ चाकू, ब्लड से सनल कपड़ा आ चूड़ियो मिलल

Anurag Ranjan

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज इस्थित माफिया अतीक अहमद के दफ्तर में पुलिस के जांच के दौरान खून के धब्बा आ चाकू मिलल बा। एकरा अलावे खून से सनल कपड़ा मिलल बा। अतीक के दफ्तर में खून से सनल मिलल बा।

जानकारी के मोताबिक, प्रयागराज के चकिया में माफिया अतीक अहमद के दफ्तर बा। ई दफ्तर खंडहर हो चुकल बा। इहां सोमार के यूपी पुलिस के टीम जांच खातिर पहुंचल। इहां खून के धब्बा दिखाई देलस। सीढ़ियन पs खून के ताजा धब्बा दिखाई दे रहल बा। पहिला तल पs एगो महिला के साड़ी आ कुछ अंडर गारमेंट्स पुलिस के मिलल बा। आशंका बा कि कवनो महिला के इहां हत्या कइल बाड़े। एकरा बाद ओकर शव कहीं बाहर फेंक दिहल गइल।

जांच खातिर पहुंचल पुलिस अधिकारी लोग कहलस कि धब्बा खून के जइसन दिखाई दे रहल बा। एफएसएल के टीम के बोलावल गइल बा। एफएसएल के टीम मवका पs पहुंचल बिया। रउआ के बता दीं कि चकिया कर्बला इस्थित माफिया अतीक अहमद के एह दफ्तर के दु साल पहिले योगी सरकार ध्वस्त कs देले बा।

कार्यालय के कुछ हिस्सा बचल बा, जबकि आधा से अधिक हिस्सा के पीडीए बुलडोजर से ध्वस्त कs देले रहे। सोमार के कार्यालय में खून के धब्बा देखल गइल। एकरा संगही खून से सनल चाकूओ मिलल। सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल। छानबीन कइला पs दूसरका तल पs किचन में रखल सामान अस्त-व्यस्त मिलल। हीटर सहित आउर सामान क्षतिग्रस्त रहे।

प्रयागराज एसीपी सत्येंद्र प्रसाद तिवारी कहलें कि आजे हमनी के सूचना मिलल की (अतीक अहमद के) चकिया इस्थित कार्यालय में खून के धब्बा दिख रहल बा। हमनी के जांच खातिर FSL के टीम बोलवले बानी सs। नीचे सीढ़ी के लगे लाल रंग के खून नुमा धब्बा दिख रहल बा आ अंदर किचन के लगे खून के धब्बा दिख रहल बा। हमनी के जांच कर रहल बानी सs।

साभार: अमर उजाला

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।