[the_ad_group id="30365"]

जेमिनी सर्कस के मालिक , जेमिनी शंकरन के 99 साल के उमिर में निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कन्नूर (केरल), 24 अप्रैल (वार्ता) ‘मिथुन सर्कस’ के संस्थापक आ भारतीय सर्कस के दिग्गज जेमिनी संकरन के निधन हो गइल बा। उनुकर उमिर 99 साल रहे।

संकरन के परिवार के सूत्र सोमवार के बतवले कि बड़त उमर के चलते पछिला कुछ दिन से इहाँ के नजदीक एगो निजी अस्पताल में भर्ती रहले आ रविवार के रात में उनुकर मउत हो गईल।

केरल के मुख्यमंत्री पिनराई विजयन उनुका निधन पे शोक जतवले आ भारतीय सर्कस के दुनिया भर में लोकप्रिय बनावे में उनुका भूमिका के तारीफ कईले। उ कहले कि, विदेशी कलाकार आ ओ लोग के अभिनय के परिचय देके भारतीय सर्कस के आधुनिक बनावे में उनुकर (संकरन) बहुत बड़ भूमिका निभवले।

 

मुख्यमंत्री कहले कि प्रगतिशील दृष्टिकोण राखे वाला संकरन से उनुकर घनिष्ठ संबंध रहल ह।

संकरन के विभिन्न प्रधानमंत्री, राष्ट्रपति आ प्रमुख हस्ती लोग से भी बढ़िया संबंध रहे। विजयन कहले कि संकरन के निधन से देश के सर्कस के कला के बहुत बड़ नुकसान बा।

संकरन के जनम 1924 में भइल रहे। ऊ मशहूर सर्कस कलाकार कीलेरी कुन्हिकन्नन के अधीन तीन साल ले प्रशिक्षण लिहलें आ बाद में सेना में भर्ती भइलें। दुसरा बिस्व जुद्ध के बाद रिटायर हो गइलें।

देश भर के बिबिध सर्कस समूहन के साथे काम कइला के बाद 1951 में विजया सर्कस कंपनी के खरीद के एकर नाँव जेमिनी सर्कस रख दिहलें। बाद में उ आपन दूसरा कंपनी जंबो सर्कस शुरू कईले।

संकरन के देश में सर्कस के क्षेत्र में समग्र योगदान के सम्मान में केंद्र सरकार के ओर से ‘लाइफटाइम अचीवमेंट’ पुरस्कार से सम्मानित कईल गईल।संकरन अपना पीछे दू गो बेटा आ एगो बेटी छोड़ गइल बाड़न।

उनुकर नश्वर अवशेष उनुका आवास पे राखल जाई ताकि लोग उनुका के नमन क सके। मंगल के दिने उनकर आखिरी संस्कार पय्याम्बलम समुद्रतट पे कइल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]