[the_ad_group id="30365"]

नोएडा के ई मशहूर स्कूल सील हो गइल , अब लइका कहाँ जइहें; अधर मे लटकल भविष्य 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली से सटल नोएडा के उत्तराखंड पब्लिक स्कूल सील क दिहल गइल बा। सोमार के दिने स्कूल सील क दिहल गइल जवना के बाद आजु पूरा तरह से बंद रहल। स्कूल सेक्टर 56 में स्थित बा। नोएडा अथॉरिटी स्कूल पे कार्रवाई कइलस। आज स्कूल पूरा तरह से बंद बा। जब अभिभावक लोग अपना बच्चा के संगे स्कूल पहुंचले त उनुका पता चलल कि स्कूल बंद बा।

स्कूल बंद होखला के चलते अभिभावक बहुत नाराज बाड़े। इहे कारण बा कि अभिभावक के नाराजगी के देखत स्कूल के बहरी भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा, ताकि कानून व्यवस्था खराब ना होखे। अभिभावक लोग के कहनाम बा कि स्कूल से कवनो जानकारी ना दिहल गईल, ना ही उनुका के बतावल गईल कि प्राधिकरण नोटिस जारी क स्कूल खाली करे के निर्देश देले बिया। स्कूल बंद होखला के चलते अभिभावक बहुत दुखी बाड़े।

 पूरा मामला 

नोएडा के सेक्टर 56 के ई-1ए के प्लाट पे उत्तराखंड पब्लिक स्कूल के निर्माण भइल बा। 3549 वर्ग मीटर जमीन के आवंटन 1991 में उत्तराखंड जन कल्याण परिषद के नाम पे भईल रहे, जबकि 1992 में परिषद कब्जा क लेलस। कुल जमीन लागत के 20 प्रतिशत आवंटन भईल, जवना के बाद स्कूल प्रबंधन पईसा ना देलस। प्राधिकरण 3 सितंबर 2020 के जमीन के आवंटन रद्द क देले रहे, लेकिन Covid महामारी के चलते कवनो कार्रवाई ना भईल।

अंतिम सूचना प्रबंधन के 11 अगस्त 2020 के जारी कईल गईल। अधिकारी बतवले कि एकरा से पहिले 14 मार्च 2023 आ 6 अप्रैल 2023 के कब्जा वापस करे खातीर चिट्ठी दिहल गईल रहे, लेकिन कब्जा वापस ना भईल। 21 अप्रैल के कब्जा वापस करे के नोटिस जारी क के तीन दिन के समय दिहल गईल। एकरा बाद 24 अप्रैल 2023 यानी सोमवार के प्राधिकरण स्कूल के सील क देलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]