[the_ad_group id="30365"]

UP News: नक्सल प्रभावित जिलन के पुलिसकर्मियन के मिली बुलेटप्रूफ जैकेट, दिहल जाई छोटे रेडियो सेट आ इयरफोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नक्सल प्रभावित मीरजापुर, चंदौली आ सोनभद्र के पुलिसकर्मियन के बुलेटप्रूफ जैकेट आ छोटे रेडियो सेट आउर इयर फोन उपलब्ध करवावल जाई। एकरा खातिर सरकार 1,19,68,731 रुपिया के धनराशि स्वीकृत कइले बिया। एसे वाराणसी जोन के तीनों जिलन में 130 बुलेटप्रूफ जैकेट आ 146 छोटे रेडियो हैंडसेट आउर 146 इयरफोन किनल जाई।

बीतल कुछ समय से एह सब तीनों जिलन में नक्सली गतिविधियन में बढ़न्ती भइल बा, एकरा के लेके एनआईए बीतल दिनन पांच जिलन में छापेमारियो कइले रहे। एनआईए के जांच में ई बात निकल के सामने आइल बा कि एह जिलन में नक्सली गतिविधि बढ़ रहल बा।

जारी भइल रहे विशेष पैकेज

हालांकि, एनआईए नक्सली गतिविधियन में लिप्त कइयन लोगन के विरुद्ध कार्रवाइयो कइले बिया। एकरा बाद केंद्र सरकार एह जिलन में नक्सली गतिविधियन पs रोक खातिर पुलिस बल के आउर सुविधा देवे ला विशेष पैकेज जारी कइले रहे।

एह संदर्भ में अनु सचिव प्रभात रंजन अपर पुलिस महानिदेशक, पुलिस मुख्यालय के पत्र लिखके ई जानकारी देले बाड़ें कि सरकार 1,19,68,731 रुपिया के धनराशि बुलेट प्रूफ जैकेट, छोटे रेडियो सेट आ इयरफोन के खरीद खातिर स्वीकृत कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]