[the_ad_group id="30365"]

UP News: गीडा अब ले कइलस 6500 करोड़ रुपया के निवेश करार, ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में हिस्सा ले रहल बा लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में जिला के उद्यमी लोगओ बढ़ चढ़ के भाग लीहें। कई कंपनी निवेश के प्रस्ताव दिहले बा। कुछ लोग करारो क लेहले बा। अब ले गीडा 6500 करोड़ रुपया के निवेश प्रस्ताव पs करार (समझौता) कs चुकल बा।

लखनऊ में होखले वाले निवेशक सम्मेलन में गोरखपुर के कई उद्यमी निवेश संबंधी करार करिहें। एह दिशा में गीडा के ओर से देश के प्रतिष्ठित कंपनियन के अलावा गोरखपुर के कई कंपनियन के संगे समझौता कइल जा रहल।

स्थानीय उद्यमियन में सबसे बड़ निवेश जालान परिवार के ओर से करीब 650 करोड़ रुपया के हो रहल बा। कारोबारी ओमप्रकाश जालान के नकहा क्षेत्र में सरिया के फैक्ट्री बा। अब उनके बेटा तनुज जालान गीडा में 50 एकड़ में अत्याधुनिक सरिया फैक्ट्री लगावे जा रहल बानें।

कारोबारी स्व. विनोद जालान के बेटा संचित जालान गीडा में 250 करोड़ के निवेश से कंपोजिट टेक्सटाइल यूनिट लगावे जा रहल बानें। संचित के कहनाम बा कि गीडा में 137 एकड़ जमीन बा। एही में नयका प्लांट के लगावल जाई।

शराब कंपनी आईजीएल 400 करोड़ रुपया के निवेश करी। सेनेटरी नैपकीन बनावे वाली नाइन कंपनी भी 500 करोड़ रुपया के निवेश कs रहल बा। कंपनी अपनी यूनिट के विस्तार करी। टैंकर बनावे वाली कंपनी इंडिया टैंकर 400 करोड़ अउर आदित्य मोटर्स कंपनी 400 करोड़ रुपया के निवेश करी।

स्प्लाइस प्लाई 50 करोड़ के निवेश कs रहल बा। बुद्धा मेडिकल ट्रस्ट 140 करोड़ रुपया के निवेश करी। तत्वा प्लास्टिक 200 करोड़ के निवेश पs करार कइले बानें। सेंट्रल एकेडमी ग्रुप भी निवेश करी। ग्रुप के पास गीडा में शैक्षणिक संस्थान खातिर पहिले से जमीन मौजूद बा।

गीडा सीईओ पवन अग्रवाल कहनें कि गीडा 6500 करोड़ रुपया के निवेश पर समझौता (एमओयू) कs लिहल गइल। कई उद्यमी निवेश के लिए संपर्क में बानें। गीडा के जौन लक्ष्य मिलल बा। उनके पूरा कs लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]