[the_ad_group id="30365"]

यूपी: लखनऊ के रेलवे कॉलोनी में बड़ हादसा, मकान के छत गिरले से 3 लइकन समेत 5 के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लखनऊ : यूपी के राजधानी लखनऊ में आजु सबेरे एगो बड़हन हादसा हो गइल बा। इहाँ के सालों पुरान रेलवे कॉलोनी में एगो घर के छत गिर गईल, जवना में 3 बच्चा समेत 5 लोग के मउत हो गईल। ई कालोनी आलमबाग के आनंद नगर फतेह अली चौराहा के किनारे बनल बा। एह हादसा के खबर सुनते ही पूरा इलाका में दहशत मच गईल। बचाव अभियान चलावल जाता अवुरी पुलिस प्रशासन मामिला के छानबीन शुरू क देले बा।

हाल ही में गोसाईगंज में एगो हादसा भइल रहे

एकरा से पहिले लखनऊ के गोसाईगंज में तेज रफ्तार से आवत बेकाबू ट्रक सड़क के किनारे आइसक्रीम के स्टॉल के लगे खड़ा दु लोग के कुचल देले रहे। एह हादसा में दुनु जने के मउत हो गइल। मिलल जानकारी के मुताबिक ट्रक चालक के मिर्गी के हमला के चलते इ दुर्घटना भईल। पुलिस ट्रक अवुरी ड्राइवर के हिरासत में लेले रहे। पुलिस के मुताबिक, सुल्तानपुर राजमार्ग के नाई बस्ती निवासी यूसुफ कुरैशी (60 साल) एही गांव के मोहम्मद नसीब अली उर्फ ​​सन्ने (75 साल) से बात करत रहले। फेर अचानक लखनऊ से सुल्तानपुर के ओर जात एगो ट्रक बेकाबू हो गईल, जवना के चलते इ दुनो के टक्कर लाग गईल। एह हादसा में दुनु के मउत हो गइल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]