[the_ad_group id="30365"]

बिहार में बड़ हादसा: ३३ लइकन समेत नाव बागमती नदी में पलटल, मुजफ्फरपुर में स्कूल जात रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिलहाल देश के बिहार राज्य में लीची खातीर जानल जाए वाला शहर मुजफ्फरपुर में एगो बड़ दुर्घटना हो गईल बा। मुजफ्फरपुर के बागमती नदी में भइल एगो बड़हन नाव हादसा पूरा राज्य के हिला दिहले बा। बागमती नदी पार करे खातिर नाव के इस्तेमाल क के पढ़ाई करे वाला 33 बच्चा बागमती नदी में नाव पलटला से दुर्घटना के शिकार हो गईले।

 

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक नाव पs सवार कुल 33 बच्चा में से 20 बच्चा के बचावल गईल बा अवुरी अबे ले 13 बच्चा के लापता बतावल जाता। शिक्षा पावे खातिर नदी पार करे वाला लइका आज हमेशा खातिर जान-मरण से जूझत बाड़े।

बिहार में कतनो विकास के बात होखे, विकास के नाम पs पटना के मेट्रो रेल परियोजना के कतनो बात कईल जाए, लेकिन बिहार के दूर-दराज के इलाका में अबो जीवन अवुरी रोजमर्रा के काम खातीर संघर्ष चलता।

बिहार के मुजफ्फरपुर में बागमती नदी में नाव पलटला के चलते एगो बड़ हादसा हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक 33 बच्चा के सवार नाव नदी में पलट गईल। जवना में से अबे ले 16 लोग के लापता होखे के खबर बा। जबकि अबे ले 17 बच्चा के बचावल गईल बा। नाव पs लइका कुल स्कूल जात रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]