Encounter In UP : एसटीएफ एक लाख के इनामी बदमाश के मार गिरवलस, लखीमपुर के दहशतगर्द सुल्तानपुर में ढेर

Share

सेंट्रल डेस्क। यूपी के सुल्तानपुर जिला में सोमार के भोर में एसटीएफ आ पुलिस के संयुक्त टीम के संगे मुठभेड़ में एगो शातिर इनामिया बदमाश मारल गइल। ई बदमाश लखीमपुर खीरी जिला के रहनिहार रहे आ ओकरा पs एक लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे। बहुम दिन से पुलिस के एह बदमाश के तलाश रहे।

ई मुठभेड़ लंभुआ कोतवाली इलाका के दियरा मोड़ के लगे भइल। एसटीएफ आ सुल्तानपुर पुलिस के टीम सुल्तानपुर-वाराणसी नेशनल हाईवे पs चेकिंग आ गश्त करत रहे, ओही समय बदमाश से आमना-सामना हो गइल। खुद के घिरल देख बदमाश पुलिस पs फायरिंग सुरू कs देलस, जवना के जवाब में पुलिसो गोली चलवलस। जवाबी कार्रवाई में बदमाश के गोली लाग गइल आ ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइल।

घायल बदमाश के तुरंत लंभुआ के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) ले जाइल गइल। हालत नाजुक देख डॉक्टर लोग ओकरा के मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल। मेडिकल कॉलेज पहुंचला पs डॉक्टर जांच कइला के बाद बदमाश के मृत घोषित कs दिहल।

मारल गइल बदमाश के पहचान तालिब उर्फ आजम खान (उमिर करीब 26 साल) के रूप में भइल बा। ऊ लखीमपुर खीरी जिला के फरधान थाना इलाका के गौरिया गांव के रहनिहार रहे। पुलिस के मोताबिक तालिब पs लखीमपुर खीरी में कइयन गो गंभीर आपराधिक ममिला दर्ज रहे आ ऊ लमहर समय से फरार चलत रहे।

तालिब पs एक लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे, जवना चलते ऊ पुलिस के मोस्ट वांटेड अपराधियन में सामिल रहे। पुलिस अब ओकर पूरा आपराधिक इतिहास खंगाल रहल बिया आ इहो पता लगावल जा रहल बा कि ऊ आउर कवन-कवन अपराध में सामिल रहे।

एसटीएफ आ पुलिस के एह कार्रवाई से इलाका में दहशत फइलावे वाला अपराधियन में खौफ देखे के मिल रहल बा। पुलिस अधिकारियन के कहनाम बा कि अपराध आ अपराधियन के खिलाफ एही तरे सख्त कार्रवाई आगहु जारी रही।

Read Also: T20 World Cup 2026 : भारत ना आई बांग्लादेश के टीम, आईसीसी से श्रीलंका में मैच करावे के मांग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-