Gujarat Typhoid Cases : गांधीनगर में मियादी बुखार के 110+ ममिला, चिंता के बीच अमित शाह देलें अहम दिशा-निर्देश

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2026

सेंट्रल डेस्क। गुजरात के राजधानी गांधीनगर में मियादी बुखार (टाइफॉयड) के तेजी से बढ़त ममिलन से प्रशासन में हड़कंप मच गइल बा। एह बीच केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह हालात पs कड़ा नजर बनवले बाड़ें

Share

Amit Shah addresses press conference in Patna on Sardar Vallabhbhai Patel Jayanti, criticizes Congress for 41-year delay in Bharat Ratna honor

सेंट्रल डेस्क। गुजरात के राजधानी गांधीनगर में मियादी बुखार (टाइफॉयड) के तेजी से बढ़त ममिलन से प्रशासन में हड़कंप मच गइल बा। एह बीच केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह हालात पs कड़ा नजर बनवले बाड़ें आ प्रशासन के युद्ध स्तर पs काम करे के सख्त निरदेस देले बाड़ें। राज्य सरकार के ओर से जारी बयान के मोताबिक शहर के सेक्टर-24, सेक्टर-28 आ आदिवाड़ा इलाका में पानी के पाइपलाइन में लीकेज होखे के चलते पानी से फइले वाला बेमारी टाइफॉयड फइल रहल बा।

अब तक गांधीनगर में टाइफॉयड के कुल 113 संदिग्ध ममिला सामने आ चुकल बा। एमे से 19 मरीज ठीक होके अस्पताल से डिस्चार्ज हो चुकल बा लोग, जबकि 94 मरीजन के इलाज फिलहाल गांधीनगर सिविल अस्पताल आ सेक्टर-24 आ 29 के स्वास्थ्य केंद्रन में चल रहल बा। राहत के बात ई बा कि सब मरीजन के हालत इस्थिर बतावल जा रहल बा।

इस्थिति के गंभीरता देखत प्रभावित इलाकन में चौबीसन घंटा ओपीडी सेवा सुरू कs दिहल गइल बा। संगही सिविल अस्पताल में भर्ती मरीजन के परिजन खातिर भोजन के बेवस्था कइल गइल बा। विज्ञप्ति में बतावल गइल बा कि अमित शाह खुद उपमुख्यमंत्री हर्ष संघवी, जिला कलेक्टर आ नगर आयुक्त से लगातार संपर्क में बाड़ें ताकि हर पल के अपडेट मिल सके।

अतवार के दिन अमित शाह स्वास्थ्य विभाग के वरिष्ठ अधिकारियन से फोन पs बात कइलें आ निर्देश देलें कि टाइफॉयड से पीड़ित बच्चन आ आम नागरिकन के समय पs सही इलाज जरूर मिले। संगही अस्पताल में भर्ती मरीजन आ ओह लोग के परिवार खातिर बुनियादी सुविधा उपलब्ध करावे के आदेस दिहल गइल।

नगर निगम आ स्वास्थ्य विभाग मिलके व्यापक स्तर पs सर्वेक्षण सुरू कइले बा। गांधीनगर शहर में 75 स्वास्थ्य टीम घर-घर जाके जांच कs रहल बाड़ी सs। अब तक 20,800 से जादे घरन के निरीक्षण कइल जा चुकल बा आ 90 हजार से जादे लोगन के कवर कइल गइल बा। एहतियात के तौर पs 30,000 क्लोरीन टैबलेट आ 20,600 ओआरएस पैकेट बांटल गइल बा।

सर्वे टीम लोगन के जागरूक करत पानी उबाल के पिये, बाहर के खाना से बांचे आ हाथ साफ रखे के सलाह दे रहल बिया। पानी के शुद्धता खातिर ‘सुपर क्लोरीनीकरण’ प्रक्रिया तेज कs दिहल गइल बा आ जहां-जहां पाइपलाइन में लीकेज मिलल, ओह जगह के तुरंत मरम्मत कइल जा रहल बा। प्रशासन के दावा बा कि हालात जल्दिये पूरा तरे नियंत्रण में आ जाई।

Read Also: Encounter In UP : एसटीएफ एक लाख के इनामी बदमाश के मार गिरवलस, लखीमपुर के दहशतगर्द सुल्तानपुर में ढेर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.