Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी कांग्रेस के नया अध्यक्ष के घोषणा, बृजलाल खाबरी के मि कमान, प्रांतीय अध्यक्ष भी भइलें घोषित

1,148
यूपी कांग्रेस के नयका अध्यक्ष के घोषणा हो गइल बा। बृजलाल खाबरी उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के नया अध्यक्ष होइहें।
उनके सथही नकुल दुबे, वीरेंद्र चौधरी, अनिल यादव, योगेश दीक्षित, अजय राय अउरी नसीमुद्दीन सिद्दीकी के प्रांतीय अध्यक्ष बनावल गइल बा।

यूपी विधानसभा चुनाव में निराशाजनक परिणाम अइले के बाद अजय कुमार लल्लू अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे दिहले रहलें जेकरे करीब छह महीना बाद नया प्रदेश अध्यक्ष के घोषणा कइल गइल।

कांग्रेस नेता प्रियंका गांधी वाड्रा भी यूपी के प्रभारी रह चुकल बाड़ी लेकिन उनके लगातार सक्रियता के बावजूद कांग्रेस के प्रदेश में खाली दू सीटों पर ही जीत मिलल।

346550cookie-checkयूपी कांग्रेस के नया अध्यक्ष के घोषणा, बृजलाल खाबरी के मि कमान, प्रांतीय अध्यक्ष भी भइलें घोषित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.