[the_ad_group id="30365"]

मुलायम सिंह यादव के तबीयत में नाइ हो रहल बा सुधार, किडनी देवे पहुंचल बीएचयू के छात्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी (सपा) के संरक्षक मुलायम सिंह यादव के अतवार के अचानक तबीयत बिगड़ गइल। उ खराब सेहत के चलते गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में कई दिन से भर्ती बानें। जहां डॉक्टर लगातार मुलायम सिंह यादव के सेहत पर नजर रख रहल बानें। अभीन भी उनकर हालत नाजुक बनल बा।
उहवें, सोमार के अखिलेश यादव अउरी रामगोपाल यादव अस्पताल पहुंच के मुलायम सिंह यादव के हालचाल जनलें। परिवार के अन्य सदस्य भी अस्पताल में ही मौजूद बानें।
मेदांता अस्पताल बयान जारी कs के बतवलस कि मुलायम सिंह यादव वर्तमान में क्रिटिकल केयर यूनिट (सीसीयू) में भर्ती बानें अउर उनकर इलाज विशेषज्ञ लोग के एगो व्यापक टीम द्वारा कइल जा रहल बा

ओने जइसही मुलायम सिंह यादव के तबीयत खराब होखले के सूचना उनके चाहे वालन के पता चलल त उनके शीघ्र स्वस्थ लाभ खातिर दुआ के दौर शुरू हो गइल। बनारस हिंदू यूनिवर्सिटी के छात्र आशुतोष सिंह त आपन किडनी मुलायम सिंह के देवे खातिर तैयार बानें। एकरे खातिर उ गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल पहुंचल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]