Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजु दुपहरिया दू बजे जारी कइल जाई यूपी बोर्ड के परीक्षा के रिजल्ट

2 बजे हाईस्कूल त 4 बजे इंटरमीडिएट के रिजल्ट होई जारी

955

लाखों विद्यार्थियन के इंतजार खतम हो गइल बा. उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड आजु 18 जून 2022 के यूपी बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं कक्षा के रिजल्ट के एलान करी. उत्तर प्रदेश बोर्ड राज्य में 24 मार्च से 13 अप्रैल 2022 तक 10वां अवरू 12वां बोर्ड परीक्षा आयोजित कईले रहे।

दुनिया के सबसे बड़ शैक्षिक बोर्ड के ह यूपी बोर्ड

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (यूपी बोर्ड) दुनिया के सबसे बड़ शैक्षिक बोर्ड बतावल जाता। ई अबले 33 करोड़ से अधिका लोग के हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट के डिग्री दे चुकल बा.

12वीं के रिजल्ट शाम 4 बजे जारी होई

10वीं 12वीं के परीक्षा के रिजल्ट 18 जून के जारी होई। माध्यमिक शिक्षा बोर्ड एकर एलान कइले बा. 12वां रिजल्ट साँझ चार बजे घोषित कर दिहल जाई.

275910cookie-checkआजु दुपहरिया दू बजे जारी कइल जाई यूपी बोर्ड के परीक्षा के रिजल्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.