[the_ad_group id="30365"]

UP Board 10th, 12th Result 2022: यूपी बोर्ड हाईस्कूल, इंटर के रिजल्ट बिहान आई, 4 स्टेप्स में कइल जा सकी चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Board 10th Result 2022: यूपी बोर्ड हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के रिजल्ट बिहान आई। 10वीं, 12वीं के रिजल्ट काल्ह सनिचर के (18 June 2022) के जारी कइल जाई। यूपी बोर्ड के सचिव दिव्यकांत शुक्ल मीडिया के बतवले कि हाईस्कूल के रिजल्ट दुपहर 02:00PM पs आ इंटरमीडिएट के रिजल्ट 04:00PM पs जारी कइल जाई। यूपी बोर्ड रिजल्ट के डेट घोषित होते करीब 52 लाख छात्रन के इंतजार खत्म हो गइल। यूपी बोर्ड रिजल्ट बोर्ड के वेबसाइट upmsp.edu.in आ upresults.nic.in पs घोषित कइल जाई।

 

4 स्टेप्स में चेक करीं यूपी बोर्ड 10th, 12th रिजल्ट:

1- रिजल्ट जारी होखला के बाद बोर्ड के वेबसाइट upmsp.edu.in भा upresults.nic.in पs जाई।

2- अब High School Exam 2022 Result भा Intermediate Exam 2022 Result के लिंक पs क्लिक करीं।

3- अब नया पेज खुली जेमे आपन रोल नंबर आ डेट ऑफ बर्थ आदि भरके सब्मिट करीं।

4- अब रिजल्ट रउआ सोझा रही जवना के चाहीं तs डाउनलोड कs के प्रिंट आउटो ले सकत बानीं।

 

यूपी बोर्ड हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के परीक्षा मार्च से अप्रिल के बीच भइल रहे। परीक्षा खातिर 51 लाख 92 हजार 689 छात्र पंजीकरण करवले रहे लो, जेमे से 47 लाख 75 हजार 749 छात्र परीक्षा में भाग लेले रहे लो। यूपी बोर्ड हाईस्कूल में पंजीकृत 27 लाख 81 हजार 654 विद्यार्थियन में 15 लाख 53 हजार 198 बालक आ 12 लाख 28 हजार 456 बालिका बा लो जबकि इंटरमीडिएट में पंजीकृत 24 लाख 11 हजार 35 विद्यार्थियन में 13 लाख 24 हजार 200 बालक आ 10 लाख 86 हजार 835 बालिका बावे लो।

गौर करे आला बात बा कि बुध के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हाईलेवल मीटिंग में अधिकारियन के समय पs रिजल्ट जारी करे के निरदेस देले रहस। यूपी बोर्ड के ओेर से रिजल्ट के तिथि आ समय के ऐलान के बाद रिजल्ट के इंतजार कs रहल करीब 52 लाख छात्रन के दुविधा दूर हो गइल। छात्र अब काल्ह सनिचर के आपन रिजल्ट पा सकी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]