[the_ad_group id="30365"]

यूपी बोर्ड कंपार्टमेंट परीक्षा आजु, 10वीं में 17 हजार त 12वीं में 16 हजार परीक्षार्थी होइहें शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद (UPMSP) के ओर से कंपार्टमेंट श्रेणी पावे वाले छात्र- छात्रा खातिर यूपी बोर्ड परीक्षा (UP Board Exam 2022) शनिवार, 27 अगस्त, 2022 के आयोजित कइले बा। यूपी एमएसपी के एगो अधिकारी बतवलें कि परीक्षा संबंधी तैयारी पूरा हो चुकल बा।

परीक्षा दू पारी में होई। नकल रोके खातिर परीक्षा केंद्रन पर सख्त सुरक्षा व्यवस्था कइल गइल बा। यूपी बोर्ड के मुख्य वार्षिक परीक्षा एह साल 24 मार्च से 13 अप्रैल, 2022 के बीच आयोजित कइल गइल रहे। जबकि यूपी बोर्ड परीक्षा के परिणाम 18 जून, 2022 के घोषित कइल गइल रहे। रिजल्ट में 35 हजार से अधिक लइके कंपार्टमेंट पवले रहने सब।

यूपी बोर्ड के 2022 की कंपार्टमेंट परीक्षा में शामिल होखे वाले हाई स्कूल यानी कक्षा 10वीं अउर इंटर मीडिएट यानी 12वीं के छात्रन खातिर उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद (UPMSP) के ओर से 78 जिला में पूरक परीक्षा के आयोजन कइल जा रहल बा। यूपी बोर्ड कंपार्टमेंट एग्जाम में पहिला पाली में दसवीं के परीक्षा भिन्नही 08 बजे से 11.15 बजे ले होई जबकि, दुसरका पाली में दुपहर 02 बजे से साँझ 05.15 के बीच 12वीं के पूरक यानी सप्लीमेंट्री परीक्षा आयोजित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]