[the_ad_group id="30365"]

97 हजार लइकन के जल्दिए मिली खाद्य सुरक्षा भत्ता, शासन के ओर से 11 करोड़ रुपया जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

परिषदीय विद्यालयन में पढ़े वाले 97 हजार लइकन के खाद्य सुरक्षा भत्ता मिलले के राह आसान हो गइल बा। शासन अभिभावकन के बैंक खाता में धनराशि भेजले खातिर 11 करोड़ रुपया जारी कs देहल गइल बा। जेकरे बाद से विभाग धनराशि भेजले के प्रक्रिया शुरू कs देहलें बा।

परिषदीय स्कूल में पढ़े वाले बचवन खातिर एमडीएम बनवले के प्रावधान बा। लेकिन कोरोना महामारी आ गर्मी के छुट्टी की वजह से विद्यालयन के बंद रहले के दौरान एमडीएम नाइ बनल। लइके कुपोषण के शिकार न होखें एके ले के सरकार इनके प्रति छात्र के अनुसार खाद्य सुरक्षा भत्ता देहलें के निर्णय लेहले बा।

एही कड़ी में अप्रैल-अगस्त के बीच प्राथमिक स्कूल में पढ़े वाले प्रति छात्र के 636 रुपया अउर उच्च प्राथमिक विद्यालय के छात्र के 901 रुपया के दर से धनराशि भेजल जाए के रहल। शासन के ओर से पूर्व में एकरे खातिर 18 करोड़ के धनराशि जारी कइल गईल रहल।

एकरे तहत 2,713 परिषदीय स्कूल, मदरसा, समाज कल्याण विभाग से संचालित सहित अन्य विद्यालयन में पढ़े वाले 3.54 लाख विद्यार्थियन के धनराशि भेजल गईल। बाकी 97 हजार विद्यार्थियन खातिर विभाग के ओर से शासन के पत्र भेजल गइल रहल। अब धनराशि आवंटित भइल बा।

जिला समन्वयक एमडीएम दीपक पटेल कहलें कि खाद्य सुरक्षा भत्ता के मद में 11 करोड़ रुपया शासन से मिलल बा। एहके भेजले के प्रक्रिया शुरू कs देहल गइल बा। 97 हजार लइकन के खाता में धनराशि भेजल जाए के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]