[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय: विधि द्वितीय सेमेस्टर के परीक्षा 15 दिन टलल, छात्र सs कईले मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ ओकरा से जुड़ल कॉलेजन में एलएलबी द्वितीय सेमेस्टर के परीक्षा 15 दिन खातिर टार दिहल गइल बा। विद्यार्थियन के मांग पs कुलपति परीक्षा 15 दिन खातिर टारे के आदेश दिहले बाड़न।

कानूनी अध्ययन संकाय के डीन प्रो. अहमद नसीम कहले कि एलएलबी द्वितीय सेमेस्टर के छात्र के इ कहल गलत बा कि उनुकर कक्षा सिर्फ एक महीना तक चलल। कक्षा के शुरुआत ओह लोग के पहिला सेमेस्टर के लिखित परीक्षा खतम भइला के एक हफ्ता बाद ही टाइम टेबल बना के कइल गइल।

कहलन कि शिक्षक लोग एक्स्ट्रा क्लास आ ऑनलाइन क्लास लेके सिलेबस पूरा कर लिहले बा। एकरा संगे परीक्षा नियंत्रक बतवले कि पहिले उनुकर परीक्षा 13, 17, 20, 22 अवुरी 24 जून के होखे वाला रहे। विद्यार्थियन के रुचि के ध्यान में राखत कुलपति एकरा के 15 दिन खातिर टार दिहले बाड़न।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]