[the_ad_group id="30365"]

NEET-UG के रिजल्ट जारी: तमिलनाडु के प्रभंजन आ आंध्र के बोरा वरुण टॉपर, दुनो के 99.99 पर्सेंटाइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के मेडिकल कॉलेजन में प्रवेश खातिर होखे वाली नेशनल एलिजिबिलिटी कम इंट्रेस टेस्ट (NEET-UG) 2023 के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। तमिलनाडु के प्रभंजन जे आ आंध्र के बोरा वरुण चक्रवर्ती टॉपर्स रहल बा लो। दुनो 99.99 पर्सेंटाइल हासिल कइले बा लो। सबसे बेसी स्टूडेंट्स UP से सफल रहल बा लो। एकरा बाद महाराष्ट्र आ राजस्थान के स्टूडेंट्स सफल रहल बा लो।

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) ई टेस्ट लेवेले। अबकी बेर परीक्षा में करीब 20 लाख 87 हजार विद्यार्थी सामिल भइल लो। ई परीक्षा मेडिकल दाखिला खातिर होला। एकर परीक्षा 7 मई 2023 के भइल रहे। देस के 499 शहरन के चार हजार से जादे सेंटर्स पs एकर परीक्षा के आयोजन कइल गइल रहे। भारत के अलावे 14 आउर देसन में एकर आयोजन कइल गइल रहे। मणिपुर में हिंसा के चलते उहां के स्टूडेंट्स खातिर अलग से टेस्ट लिहल गइल रहे।

कैटेगरीवाइज परिणाम के संगही कैटेगरीवाइज कटऑफ लिस्ट जारी कइल गइल बा। परीक्षा के परिणाम विद्यार्थी तीन साइट्स पs देख सकत बा लो।

1. neet.nta.nic.in

2. neetresults.nic.in

3. nta.ac.in

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]