UK Election 2024: ब्रिटेन के संसद में भारतीय मूल के सांसदन के बोलबाला, 29 उम्मीदवारों जीतल लो चुनाव; पढ़ी पूरा लिस्ट

Share

Indian Origin MP in UK: ब्रिटेन में बियफे के भइल चुनाव में लेबर पार्टी ऐतिहासिक जीत हासिल कs के 14 बरिस बाद सत्ता में वापसी कइले बिया। 650 सीटन पs भइल चुनाव में लेबर पार्टी के 412 सीटन पs जीत मिलल रहे। ओहिजा, कंजरवेटिव पार्टी के खाली 121 सीट मिलल। ब्रिटेन में बहुमत के आंकड़ा 326 बा।

कंजरवेटिव के सात गो भारतीय मूल के उम्मीदवार मारल  लो बाजी

एह चुनाव में भारतीय मूल के 29 सांसदन के जीत मिलल। ब्रिटेन के पिछलको संसद में भारतीय मूल के 29 सांसद रहे लो। लेबर पार्टी के 19 भारतीय सांसद चुनके हाउस ऑफ कॉमंस जाई लो। ओहिजा, कंजरवेटिव पार्टी से सात भारतीय मूल के उम्मीदवार चुनाव में जीत हासिल कइले बा लो। लिबरल डेमोक्रेट्स से ब्रिटिश-भारतीय एगो सांसद और भारतीय मूल के 2 उम्मीदवार निर्दलीय चुनाव में बाजी मरले बा लो।

लेबर पार्टी में भारतीय मूल के सांसदन के लिस्ट

संसदीय सीट उम्मीदवार
फेल्थम और हेस्टन सीमा मल्होत्रा
वॉल्सॉल और ब्लॉक्सविच वैलेरी वाज
विगन लिसा नंदी
स्टॉकपोर्ट नवेंदु मिश्रा
नॉटिंघम ईस्ट नाडिया विटकोम
स्लौघा तनमनजीत      सिंह ढेसी
बर्मिंघम एजबेस्टन प्रीत कौर गिल

लेबर पार्टी के 19 भारतीय मूल के सांसद में से 12 सांसद पहिला बेर चुनाव जीतके आइल लो।

नया 12 सांसदन की लिस्ट

डेरेबी साउथ बैगी शंकर
स्मेथविक गुरिंदर सिंह जोसन
हडर्सफील्ड हरप्रीत उप्पल
इल्फोर्ड साउथ जस अठवाल
Loughborough जीवन संधेर
Vale of Glamorgan कनिष्का नारायण
साउथहॉल किरिथ एंटविस्टल
साउथैंपटन सतवीर कौर
Hampton North East सुरीना ब्रैकेनब्रिज
Wolverhampton West वरिंदर जस्स
एशफोर्ड सीट: सोजन जोसेह
Dudley सीट सोनिया कुमार

कंजरवेटिव पार्टी से जीते वाला भारतीय मूल के उम्मीदवार

रिचमंड और नॉर्थलेटन ऋषि सुनक
साउथ वेस्ट हर्टफोर्डशायर गगन मोहिन्द्रा
लीसेस्टर ईस्ट शिवानी राजा
फारेहम और वाटरलूविल सुएला ब्रेवरमैन
विथम प्रीति पटेल
ईस्ट सुर्रेय क्लेयर कॉटिन्हो
सोलिहुल और शर्ली सीट नील शास्त्री हर्स्ट

लिबरल डेमोक्रेट्स पार्टी के भारतीय मूल के उम्मीदवार

ट्विकेनहैम मुनीरा विल्सन

निर्दलीय उम्मीदवार

लीसेस्टर साउथ शॉकट एडम
ड्यूस्बरी और बैटली इकबाल मोहम्मद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-