[the_ad_group id="30365"]

Mumbai: मुंबई में टलल बड़ रेल हादसा, कसारा स्टेशन के लगे पंचवटी एक्सप्रेस के डिब्बा भइल अलग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Panchvati Express coaches decouple: मुंबई में एगो बड़ रेल हादसा होत-होत बचल बा। मुंबई जा रहल पंचवटी एक्सप्रेस के दुगो डिब्बा कसारा स्टेशन के लगे अलग हो गइल।

दुगो डिब्बा भइल अलग

मध्य रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारियन के (सीपीआरओ) के अनुसार, मुंबई के ओर आवत घरी सबेरे आठ बजके 40 मिनट पs कसारा स्टेशन के लगे पंचवटी एक्सप्रेस के डिब्बा संख्या तीन आ चार अलग हो गइल। मध्य रेलवे के अधिकारियन के अनुसार, समस्या के तुरंत समाधान कs लिहल गइल।

35 मिनट के अंदर जोड़ल गइल डिब्बा

अधिकारी कहलें कि सबेरे नव बजे तक डिब्बन के सफलतापूर्वक जोड़ दिहल गइल। ट्रेन के सुरक्षा आ संरक्षा के पुष्टि कइला के बाद, एकरा के मुंबई खातिर फेर से रवाना कs दिहल गइल।

रेलवे अधिकारी कहलें कि ट्रेन के लगभग 35 मिनट तक रोकल गइल। हालांकि, एह हादसा में केहू के नुकसान भा चोट नइखे आइल। अब ओह लाइन पs ट्रेन सुचारू रूप से चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]