[the_ad_group id="30365"]

Brain Eating Amoeba: केरल में मस्तिष्क खाये वाला अमीबा के चउथा ममिला, तीन के मौत; संक्रमण ले रोके खातिर का बा उपाय? 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केरल में अमीबिक मेनिंगोएन्सेफेलाइटिस के ममिला तेजी से बढ़त जा रहल बा। अब उत्तरी केरल जिला के पय्योली के एगो निवासी एह बेमारी से पीड़ित बा। 14 साल के किशोर के निजी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

जानकारी खातिर बता दीं कि अमीबिक मेनिंगोएन्सेफेलाइटिस एगो दुर्लभ ब्रेन इन्फेक्शन हs जवन गंदा पानी में पावल जाये वाला एगो फ्री-लिविंग अमीबा के कारण होला। मई के बाद से राज्य में दुर्लभ ब्रेन इन्फेक्शन के ई चउथा ममिला हs आ सब रोगी लईका बा लो, जेमे से तीन के पहिलही मौत हो चुकल बा।

1 जुलाई से पीड़ित भर्ती

किशोर के इलाज कs रहल डॉक्टरन में से एगो कहलें कि ओकरा के 1 जुलाई के अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे आ ओकर हालत में सुधार हो रहल बा। डॉक्टर सनीचर के कहलें कि अस्पताल में संक्रमण के पहचान जल्दिये हो गइल रहे आ बिदेस से दवाइयन सहित उपचार तुरंत दिहल गइल रहे।

बुध के 14 साल के लईका के मौत

बुध के कोझिकोड में अमीबा से संक्रमित 14 बरिस लईका के मौत हो गइल। एकरा पहिले, दुगो आउर मलप्पुरम के एगो पांच बरिस के लईकी आ कन्नूर के एगो 13 बरिस के लईकी के 21 मई आ 25 जून के संक्रमण के कारण मौत हो गइल रहे।

केरल के मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन सुक के एगो बइठक कइलें। जेमे आगे के संक्रमण के रोके खातिर गंदा जलाशयन में ना नहाए सहित कइयन गो सुझाव दिहल गइल।

बैठक में का दिहल गइल सुझाव

  • स्विमिंग पूल में उचित क्लोरीनेशन होखे के चाहीं
  • लईकन के जलाशयन में प्रवेश करत घरी सावधान रहे के चाहीं
  • सब केहू के जलाशयन के साफ रखे के ध्यान रखे के चाहीं।
  • नाक क्लिप के उपयोग करे के सुझाव दिहल गइल बा।
  • अमीबा बैक्टीरिया दूषित पानी से नाक के माध्यम से देह में प्रवेश करेला।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]