[the_ad_group id="30365"]

छपरा में 4 हाथ, गोड़, कान वाली लईकी के जन्म: अस्पताल में करीब 20 मिनट बाद भइल मौत, डॉक्टर एकरा के बतावल लो ट्विन डिसऑर्डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण के एगो निजी अस्पताल में महिला सोमार के रात विचित्र बच्ची के जन्म देली बाड़ी। जनम के बाद बच्ची के कुछे पल में मौतो हो गइल। अनोखा तरे के देह वाली नवजात के चार हाथ, गोड़ आ चार कान रहे। एह तरह के विचित्र बच्चा के देख अस्पतालकर्मियो अचंभित रह गइल लो। हालांकि जन्म के 20 मिनट बाद ओकर मौत हो गइल।

श्याम चक में संचालित संजीवनी नर्सिंग होम में प्रिया देवी नाम के एगो महिला नवजात के जनम देले रहली। ई सूचना जइसही अस्पताल में मवजूद कर्मियन आ मरीजन के मिलल, लोगन में ई चरचा के विषय बन गइल। बच्ची के देखे खातिर भीड़ लाग गइल।

लईकी के मौत हो गइल।

लईकी के एगो सिर, चार कान, चार गोड़, चार हाथ, दु हार्ट आ दु गो रीढ़ के हड्डी रहे। अस्पताल के संचालक डॉ अनिल कुमार बतवलें कि बहुत कम लोगन में अइसन देखे के मिलेला। अइसन तब होला जब गर्भाशय में एगो अंडा से दु गो बच्चा बनेला। एह प्रक्रिया में समय रहते दुनो अलग हो गइल तs जुड़वा बच्चा पैदा होला, बाकिर कवनो कारण से दुनो अलग नइखे हो पाइल तs फेर ओह परिस्थिति में अइसन लईकन के जनम होला।

डॉक्टर बतवले कि अइसन में जनम के समय गर्भवती महिलो के बहुते परेसानियन के सामना करे के पड़ेला। हालांकि, ऑपरेशन के माध्यम से बच्ची के जन्म करावल गइल, बाकिर 20 मिनट से कमे समय में ओकर मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]