[the_ad_group id="30365"]

छपरा से चले वाली 4 ट्रेन प्रभावित: 15 से 17 जून तक गाड़ी रहिहें सs रद्द, बरौनी-अम्बाला कैंट एक्सप्रेस नियंत्रित कs के चलावल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा से चले वाली 4 ट्रेन प्रभावित: 15 से 17 जून तक गाड़ी रहिहें सs रद्द, बरौनी-अम्बाला कैंट एक्सप्रेस नियंत्रित कs के चालावल जाई

पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अन्तर्गत गाजीपुर सिटी-ताड़ीघाट स्टेशनन के बीच नई लाइन के इंटरलॉकिंग काम के चलते कइयन गाड़ियन के संचालन प्रभावित रही। छपरा रूट से चले वाली कइयन गाड़ियन के रद्द कइल गइल बा। संगही कइयन गो गाड़ियन के नियंत्रित कs के चलावल जाई।

ई जानकारी रेलवे जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देले बाड़ें। ऊ बतवलें कि निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना पुरान मार्ग आ ओहि समय से संचालित होखे लागी।

एह ट्रेनन के कइल गइल बा रद्द

  • बलिया से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05169 बलिया-प्रयागराज रामबाग अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • प्रयागराज रामबाग से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05170 प्रयागराज रामबाग-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • छपरा से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05445 छपरा-वाराणसी सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • वाराणसी सिटी से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05446 वाराणसी सिटी-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • छपरा से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05135 छपरा-औंड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • औंड़िहार से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05136 औंड़िहार-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।

ई ट्रेन नियंत्रित कs के चलावल जाई 

  • बरौनी से 15 जून के प्रस्थान करे वाली 14523 बरौनी-अम्बाला कैंट एक्सप्रेस पूर्व-मध्य रेलवे में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]