[the_ad_group id="30365"]

बेरोजगार लोग ध्यान दे! सरकार 12वीं पास के 6 हजार, डिप्लोमा धारक के 8 हजार आ ग्रेजुएशन करे खातिर 10 हजार दिही, जानी कहवां के हs ई स्कीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लाडला भाई योजना : मुख्यमंत्री लाडली बेहेन के बाद ‘लाडला भाई योजना’ शुरू होखे जा रहल बा। एहमें राज्य सरकार बारहवीं पास करे वाला नवहियन के हर महीना 6 हजार रुपिया दी। जहां डिप्लोमा करेवाला युवक के आठ हजार रुपया दिहल जाई, जबकि स्नातक युवक के 10 हजार रुपया महीना दिहल जाई।

हाइलाइट

मुख्यमंत्री लाडली बेहेन के बाद अब महाराष्ट्र में ‘लाडला भाई योजना’ शुरू होखे जा रहल बा।

एहमें महाराष्ट्र सरकार बारहवीं पास करे वाला नवहियन के हर महीना 6 हजार रुपिया दी।

डिप्लोमा करे वाला नवहियन के आठ हजार रुपिया दिहल जाई जबकि स्नातकन के हर महीना दस हजार रुपिया दिहल जाई।

लाडली ब्राह्मण योजना के लेके बहुत चर्चा भइल बा, बाकी अब ‘लाडला भाई योजना’ भी शुरू होखे जा रहल बा। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे राज्य में ई नया योजना शुरू करे के एलान कइले बाड़न। सीएम शिंदे आषाढ़ी एकादशी के मौका पs पंढरपुर के विठ्ठल मंदिर के दर्शन करे आईल रहले। इहाँ महापूजा के बाद मीडिया से बात करत घरी ऊ ए योजना के बारे में जानकारी देले।

 

मुख्यमंत्री लाडली बहन के बाद ‘लाडला भाई योजना’ के बारे में जानकारी देत सीएम शिंदे कहले कि महाराष्ट्र सरकार बारहवां पास करेवाला युवा के हर महीना 6 हजार रुपया देई। जबकि डिप्लोमा करे वाला युवा के 8 हजार रुपया दिहल जाई। जबकि स्नातक नवहियन के हर महीना दस हजार रुपिया दिहल जाई।

एकरा संगे ऊ बतवले कि युवक के एक साल तक कवनो फैक्ट्री में अप्रेंटिसशिप करे के मौका दिहल जाई। एहसे ओकरा काम के अनुभव मिल जाई आ ओह अनुभव का आधार पर ओकरा नौकरी मिल जाई।

असल में एह साल महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा आ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के ई एलान एही सिलसिला में देखल जा रहल बा।लोकसभा चुनाव के नतीजा में भाजपा, शिव शिवसेना आ राकांपा के सत्ताधारी भव्य गठबंधन के प्रदर्शन निराशाजनक रहे। बेरोजगारी के लेके युवा लोग में बढ़त आक्रोश एकरा पीछे मुख्य कारण बतावल जाता। दूसर ओर विपक्षी महाविकास अघाडी गठबंधन भी लगातार बेरोजगारी के मुद्दा उठावत रहल बा। शिंदे सरकार के एह एलान के विपक्ष के एही हथियार के तोड़े के रूप में देखल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]