[the_ad_group id="30365"]

अमनौर: मिशन ‘प्राणवायु’ के तहत झखरी गांव में वृक्षारोपण सह वृक्ष वितरण कइल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

28 जून, मंगर के दिने फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया के मिशन “प्राणवायु” के अंतर्गत अमनौर प्रखंड के झखरी गांव में राष्ट्रीय प्रेरणा दूत पुरस्कार से सम्मानित दीपक पांडे आ उनकर पत्नी मंजू देवी अपना शादी के दूसरा सालगिरह पs वृक्षारोपण सह वितरण कार्यक्रम आयोजित कइल लो, एह मवका पs दीपक पांडे आ उनकर पत्नी मंजू देवी सहित ग्रामीणों लोग सइयन गो गाछ लगावल। साथे-साथ आइल अतिथियन के उपहार स्वरूप एक हगो पवधो दिहल गइल।

समाज में हरियाली बढ़ावे के उद्देश्य से आयोजित एह कार्यक्रम में पूर्व विधायक शत्रुघ्न तिवारी उर्फ चोकर बाबा कहले कि पर्यावरण संरक्षण खातिर गाछ लगावल बहुत जरूरी बा। ओहिजा संस्था अध्यक्ष मंटू कुमार यादव कहले कि हमनी के जिनगी में गाछन के महत्व के समझ आ समाज के प्रेरित करे के होई। गाछ बिरिछ ना रही तs वातावरण के प्रदूषण सांसन में जहर घोर दी। एहिसे जादे से जादे संख्या में वृक्षरोपण कइला के आवश्यकता बा।

मवका पs वर्तमान मुखिया सत्येंद्र राम कहले कि संस्था द्वारा कइल गइल कोसिस बहुते सराहनीय बा, ओहिज़ा डॉ जाकिर अहमद कहले कि “सांसे हो रही है कम आओ पेड़ लगाएं” हमनी के eh नारा के चरितार्थ करे के जरूरत बा। जुवा नेता राहुल कुमार राय कहले कि पशु-पक्षी हs धरती के शान आ पेड़ हs धरती के जान।

मवका पs ग्रामीण लोग में खास तौर पs बिजेन्द्र पाण्डेय, अजय कुमार, राहुल राय, मंटू पांडेय, कमला पांडेय, भोला कुमार, पवन शुक्ला, हरीशंकर राय, रोहित, रौशन आ सइयन गो ग्रामीण उपस्थित रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]