[the_ad_group id="30365"]

UN: आतंकवाद के समर्थक देशों को बाहर निकालें, विदेश सचिव क्वात्रा का सुरक्षा परिषद में आह्वान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय विदेश सचिव विनय क्वात्रा बियफ़े के संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुतेरेस से मुलाकात कइलें। ऊ कई अहम मुद्दन पर भारत के राय उनके समक्ष रखलें। सुरक्षा परिषद के संबोधित करत ऊ संयुक्त राष्ट्र शांति सेना अउर उसके अभियान अउर कार्यन के नया सिरा से परिभाषित करे के आह्वान कइलें। ऊ ओ देश के सुरक्षा परिषद से बाहर निकाले के मांग कइलें, जौन आतंकवाद के समर्थन कs रहल बानें। ऊ चीन अउर पाकिस्तान के नाम लिहले बगैर ई बात कहलें।

क्वात्रा गुतेरेस समेत संयुक्त राष्ट्र के शीर्ष नेता से मुलाकात में कई गंभीर चिंताजनक मुद्दा पर चर्चा कइलें। ऊ यूएन महासभा के 77वें सत्र के अध्यक्ष साबा कोरोसी से भी मुलाकात कइलें। ऊ सत्र खातिर पीजीए के प्राथमिकता पs चर्चा के साथ भारत के ओमें भागीदारी के तौर तरीका पर भी विचार विमर्श कइलें।

सुरक्षा परिषद के संबोधित करत उ शांति सेना पर नयका सिरा से मंथन पर जोर दिहलें। क्वात्रा कहलें कि संयुक्त राष्ट्र शांति अभियान अक्सर अइसे उद्देश्य से बोझिल हो जाsला, जौन शांति स्थापना के पारंपरिक जनादेश से परे होला। समय के मांग ह कि एके ले के समग्र दृष्टिकोण, समन्वित कार्रवाई अउर स्पष्ट रणनीति बनावल जाई। विदेश सचिव शांति स्थापना के उद्देश्यपूर्ण अउर सुपरिभाषित रखले खातिर पुरजोर वकालत कइलें। ऊ बतवलें कि लगभग 5800 भारतीय शांतिरक्षक संयुक्त राष्ट्र के 12 देश में जारी शांति अभियान में से नौ में तैनात बानें।

आतंकवाद के समर्थक देशन के बाहर निकालें

क्वात्रा बियफ़े घाना के अध्यक्षता में आयोजित संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के खुलहा बहस के संबोधित कइलें। एहमें ऊ अंतरर्राष्ट्रीय समुदाय से उन देश के बाहर निकलले के निहोरा कइलें, के आतंकवादियन के पनाह देने अउर यूएन सुरक्षा परिषद के प्रतिबंध से उनकर बचाव करेने। विदेश सचिव ई बात पाकिस्तान अउर चीन के परोक्ष संदर्भ में कहलें। विदेश सचिव कहलें कि आतंकवाद से उत्पन्न खतरा के खिलाफ अंतरराष्ट्रीय समुदाय के एकजुट हो के आवाज उठवले के जरूरत बा।

आतंकवाद के खिलाफ प्रस्ताव पर चीन कइलस वीटो

बता देईं, चीन अउर पाकिस्तान आतंकवाद के परोक्ष रूप से समर्थन कs रहल बानें। ऊ पिछले पांच महीना में आतंकवाद के खिलाफ सुरक्षा परिषद में लावल गइल प्रस्ताव के विरोध कइलें। चीन त ए प्रस्तावन के पारित होखले से रोके खातिर वीटो के इस्तेमाल कइलें। चीन सुरक्षा परिषद के 1267 अल कायदा प्रतिबंध समिति के प्रस्ताव के अनुरूप पाकिस्तान स्थित आतंकवादियन के वैश्विक आतंकी घोषित कइले के भारत अउर अमेरिकी प्रस्ताव के विफल कs दिहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]