Ukraine Ceasefire: यूक्रेन युद्ध विराम के पाखंड बताके ठुकरवलस, बाइडन बोललें- जंग नाजुक मोड़ पs 

Anurag Ranjan

आर्थोडाक्स क्रिसमस के मवका पs दु दिन खातिर युद्ध विराम के यूक्रेन रूस के पाखंड आ कोरा प्रचार बतवले बा। यूक्रेन के राष्ट्रपति व्लादिमीर जेलेंस्की के सलाहकार माइखाइलो पोडोलीक एकरा के खारिज कs देलें ओने, अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन कहलें कि यूक्रेन जंग एह वक्त अहम मोड़ पs पहुंच गइल बा।

पोडोलीक रूस के युद्ध विराम के एलान पs प्रतिक्रिया देत ट्वीट कइलें। ऊ लिखलें कि ‘रूस जब कब्जा वाला क्षेत्रन के छोड़ी तबे अस्थायी युद्धविराम होई, तब तक ई पाखंड अपना लगे रखे।’ जेलेंस्की के सलाहकार पोडोलीक रूस के संघर्ष विराम के लेके जारी बयान में कहलें कि रूस के ई डेग प्रचार से जादे कुछ नइखे। ऊ जंग के तीव्रता कम करे आ अपना रसद केंद्रन पs यूक्रेन के हमलन के कम करे खातिर एह तरह के उपाय खोज रहल बा।

बता दीं, रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन बियफे के यूक्रेन में मनावल जाये वाला ऑर्थोडॉक्स क्रिसमस के मवका पs अस्थायी युद्धविराम के आदेस देले बाड़े। ई पहिला मवका बा जब रूस यूक्रेन में पिछला साल फरवरी में आक्रमण सुरू कइला के बाद से पूर्ण युद्धविराम लागू कइले बा।

ई रूस के चालाकी

युद्धविराम के लेके पोडोलीक कहलें कि युद्धविराम के एलान रूसी चाल हs। ऊ कहलें कि जंग खतम करे के रूस के तनिको इच्छा नइखे। रूसी नेतृत्व के एह चालाकी भरल पहल के जवाब देवे के कवनो आवश्यकता नइखे।

आज आ काल्ह रही युद्ध विराम, पुतिन एह खातिर कइलें पहल

जाने वाला बात बा कि रूस के राष्ट्रपति पुतिन बियफे के यूक्रेन में दु दिन खातिर युद्धविराम के आदेस देलें। ई आदेस ऑर्थोडॉक्स क्रिसमस के देखत जारी कइल गइल बा। रूस के ऑर्थोडॉक्स चर्च के प्रमुख पुतिन से एकरा खातिर अपील कइले रहस। एकरा बाद पुतिन ई एलान कइलें। क्रेमलिन के ओर से बतावल गइल बा कि पुतिन 36 घंटा के सीजफायर के आदेस देले बाड़े। युद्धविराम छव जनवरी के दुपहरिया 12 बजे सुरू होई। रूस आ यूक्रेन में रहे वाला एगो बड़ वर्ग 6-7 जनवरी के क्रिसमस मनावेला।

अमेरिका आ जर्मनी दी यूक्रेन के अतिरिक्त मदद

ओने, वॉशिंगटन में अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन कहलें कि यूक्रेन जंग एह घरी नाजुक मोड़ पs बा। बाइडन ई बात अमेरिका आ जर्मनी के यूक्रेन के अतिरिक्त समर्थन देवे के घोषणा के बीच बियफे के कहलें। बाइडन पत्रकारों से चरचा में कहलें, ‘यूक्रेन में युद्ध एगो नाजुक मोड़ पs बा। हमनी के यूक्रेन के रूसी आक्रामकता के विरोध करे में मदद करे खातिर सब कुछ करे के होई। रूस जंग के धीमा करे के कोसिस नइखे करत। ऊ जवन कार्रवाई कर रहल बा, ऊ पिछलके साल लेखा बर्बर आ नृशंस बा। रूस तानिको हार नइखे मान रहल।’

बाइडन कहलें कि ऊ जर्मनी के चांसलर ओलाफ स्कोल्ज के संगे यूक्रेन आ यूरोप आ यूरोपीय संघ में ओकर गठबंधनन के बारे में लमहर चरचा कइलें बाड़े। हमनी के लगे जापान आ आउर देसन सहित कइयन देसन के एगो समूह बा। हमनी आवे आला डेग पs बात कइले बानी सs। हमनी के यूक्रेन के मदद बढ़ावे जा रहल बानी सs। ओकरा के ब्रैडली इन्फैंट्री फाइटिंग व्हीकल आ जर्मन मर्डर इन्फैंट्री फाइटिंग व्हीकल दिहल जा रहल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।