Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

G20 summit : मार्च में G20 के विदेश मंत्रियन के बैठक के मेजबानी कs सकत बा भारत

904

भारत मार्च महीना के पहिला हफ्ता में जी20 देसन के विदेश मंत्रियन के मेजबानी कs सकत बा आ ऊ यूक्रेन संघर्ष समेत वैश्विक चुनौतियन से निपटला पs चरचा कs सकत बा। घटनाक्रम के जानकारीराखे वाला लोग बियफे के ई जानकारी दिहल।

भारत के नवंबर में बाली में भइल समूह के वार्षिक सम्मेलन में एकर अध्यक्षता देवे के घोषणा भइल रहे आ ऊ आधिकारिक रूप से पिछिल एक दिसंबर के जी20 के अध्यक्षता संभरलस।

घटनाक्रम के जानकार लोग कहल कि भारत जी20 के विदेश मंत्रियन के बैठक नई दिल्ली में एक आ दु मार्च के आयोजित करे पs विचार कर रहल बा। हालांकि तारीख तय नइखे भइल।

इस साल होखे वाला जी20 के वार्षिक सम्मेलन से पहिले भारत कइयन गो बैठक आ कार्यक्रमन के मेजबानी करी।

433310cookie-checkG20 summit : मार्च में G20 के विदेश मंत्रियन के बैठक के मेजबानी कs सकत बा भारत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.