Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ukraine War: भारत के सुर में सुर मिला के बोलल अमेरिका, कहलस- यूक्रेन में शांति बहाली जरूरी

अमेरिकी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता कहलें कि हमनी के यूक्रेन पs रूस के क्रूर आक्रमण के सवाल पs भारत सहित अपना सब सहयोगियन आ साझेदारन के संगे गंभीरता से बातचीत कर रहल बानी सs। अंतरराष्ट्रीय समुदाय यूक्रेन में युद्ध अपराधन खातिर रूस के जवाबदेह ठहरावे के जरूरत के मजबूती से स्वीकार करत बा।

599

अमेरिका विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता नेड प्राइस कहलें कि हमनी के भारत से सहमत बानी सs कि यूक्रेन में शांति बहाली जरूरी बा। हम यूक्रेन के लोगन खातिर भारत के समर्थन के स्वागत करत बानी। ऊ कहलें कि हमनी के पीएम मोदी के एहु बात से सहमत बानी सs कि आज के युग युद्ध के युग ना हs। जी20 शिखर सम्मेलन में इहे आवाज उठल रहे।

नेड प्राइस कहलें कि रूस के जवाबदेह ठहरावे खातिर हमनी के का कर सकत बानी सs, अमेरिका एह संबंध में भारत के संगे नियमित रूप से संपर्क में बा। भारत आ अमेरिका दुनु एगो नियम-आधारित अंतरराष्ट्रीय व्यवस्था के बना के रखला के प्रतिबद्धता साझा करत बा, जवन क्षेत्रीय अखंडता आ संप्रभुता के सम्मान करत बा। ऊ कहलें कि ई भारत के संगे हमनी के वैश्विक रणनीतिक साझेदारी के केंद्र में बा।

अमेरिकी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता कहलें कि हमनी के यूक्रेन पs रूस के क्रूर आक्रमण के सवाल पs भारत सहित अपना सब सहयोगियन आ साझेदारन के संगे गंभीरता से बातचीत कर रहल बानी सs। अंतरराष्ट्रीय समुदाय यूक्रेन में युद्ध अपराधन खातिर रूस के जवाबदेह ठहरावे के जरूरत के मजबूती से स्वीकार करत बा।

दक्षिण सागर के विवादित चौकियन पs चीनी दावा से अमेरिका चिंतित

ओहिजा, चीन दक्षिण चीन सागर के विवादित चौकियन पs एक बेर फेर दावा कइला के संगे सैन्यीकरण के कोसिस सुरू कइले बा। चीन के एह भड़काऊ डेग पs अमेरिका गंभीर चिंता जतवले बा। अमेरिकी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता नेड प्राइस कहलें कि चीन के एह कोसिस से क्षेत्र में शांति आ सुरक्षा के खतरा बा। चीन दक्षिण सागर में अवैध एजेंडा लागू कइल चाहत बा।

अमेरिकी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता प्राइस कहलें, एह समुद्री इलाका में ओकर भड़काऊ काम, जबरदस्ती आ डरावे-धमकावे के मंशा से क्षेत्र के शांति आ सुरक्षा कमजोर होई। ऊ कहलें कि बीजिंग दक्षिण चीन सागर पs दावन खातिर कवनो ठोस आ सुसंगत कानूनी आधार पेस नइखे कइले। दक्षिण चीन सागर में चीनी गतिविधि रोजमर्रा के चरचा के विषय बा।

जो बाइडन से 13 जनवरी के मिलिहें जापान के पीएम किशिदा

जापान के प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा के अगिला हफ्ता अमेरिकी दौरा पs जाये से पहिले दुनु देसन के रक्षा और विदेश मंत्रियन के बीचे रक्षा सहजोग के लेके वार्ता होई। किशिदा जी-7 देसन के अपना दौरा के अंतिम चरण में अमेरिका पहुंचिहें। किशिदा छव देसन के आपन यात्रा सोमार के सुरू करिहें आ 13 जनवरी के अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन से मिलिहें

साभार: अमर उजाला

433640cookie-checkUkraine War: भारत के सुर में सुर मिला के बोलल अमेरिका, कहलस- यूक्रेन में शांति बहाली जरूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.