[the_ad_group id="30365"]

UGC NET June Exam 2024: यूजीसी नेट एग्जाम खातिर शेड्यूल जारी, एह दिन जारी होई एग्जाम सिटी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस भर के उच्च शिक्षा संस्थानन में असिस्टेंट प्रोफेसर के पदन पs भर्ती, अलग-अलग रिसर्च प्रोजेक्ट में फेलोशिप पावे आ पीएचडी प्रवेश परीक्षा में सामिल होखे खातिर यूजीसी नेट जून सेशन में आवेदन करे वाला उम्मीदवारन खातिर बड़ खबर बा। राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (NTA) के ओर से यूजीसी नेट जून सेशन खातिर नोटिफिकेशन जारी कs के एग्जाम शेड्यूल के संगही आउर डिटेल दर्ज करा दिहल गइल बा।

अधिसूचना के मोताबिक एनटीए के ओर से परीक्षा के आयोजन 18 जून 2024 के करवावल जाई। एग्जाम पेन आ पेपर मोड में संपन्न करवावल जाई।

एग्जाम सिटी स्लिप एह डेट में होई जारी

एग्जाम डेट के संगही एनटीए एग्जाम सिटी इंटीमेशन स्लिप जारी होखे के लेके जानकारी प्रदान कइले बा। एकरा अनुसार आवेदनकर्ता खातिर एग्जाम सिटी स्लिप परीक्षा तिथि से 10 दिन पहिले माने आठ जून के जारी कइल जा सकत बा। एग्जाम सिटी स्लिप के माध्यम से अभ्यर्थी अपना परीक्षा शहर के जानकारी हासिल कs के ओहि अनुसार अपना यात्रा के तइयारी कs सकत बा लो।

कइसे कइल जा सकी डाउनलोड

  • यूजीसी नेट एग्जाम सिटी स्लिप डाउनलोड करे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाये के होई।
  • वेबसाइट के होम पेज पs रउआ एग्जाम सिटी स्लिप के लिंक पs क्लिक करे के होई।
  • अब रउआ लॉग इन डिटेल (एप्लीकेशन नंबर, डेट ऑफ बर्थ) दर्ज करे के होई।
  • एकरा बाद एग्जाम सिटी स्लिप स्क्रीन पs ओपन हो जाई। जहां से रउआ एकरा के डाउनलोड कs सकी।
  • अभ्यर्थी ध्यान रखे लोग कि एग्जाम सिटी स्लिप के उपयोग प्रवेश पत्र के रूप में नइखे कइल जा सकत, एग्जाम खातिर एडमिट कार्ड परीक्षा से कुछ दिन पहिले डाउनलोड खातिर उपलब्ध करवा दिहल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]