[the_ad_group id="30365"]

खिचड़ी मेला में बढ़नी अउर नौतनवा खातिर चली दू पैसेंजर स्पेशल, यात्रियन के होई सहुलियत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखनाथ मंदिर में लागे वाले खिचड़ी मेला के ले के पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक चंद्रवीर रमण के अध्यक्षता में रेलवे के तैयारियन के समीक्षा कइल गई। तय भइल कि 13 से 16 जनवरी ले गोरखपुर-बढ़नी अउर गोरखपुर-नौतनवा के बीच दू जोड़ी पैसेंजर स्पेशल ट्रेन चलावल जाई।
एकरे अलावा मेला चलले ले गोरखपुर से नरकटियागंज अउर सीवान के बीच चल रहल छह जोड़ी पैसेंजर ट्रेनों में अतिरिक्त कोच लगावल जाई। महाप्रबंधक कहनें कि 12531/12532 गोरखपुर-लखनऊ जं. इंटरसिटी एक्सप्रेस के अस्थायी ठहराव मगहर स्टेशन अउर 15069/15070 गोरखपुर-ऐशबाग एक्सप्रेस के नकहा जंगल स्टेशन पर शुरू कइल जाई।
गोरखपुर स्टेशन पर श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर पूछताछ बूथ खोलल जाई। यात्रियन के सुविधापूर्वक यात्रा टिकट उपलब्ध करावे खातिर गोरखपुर जं. अउर नकहा जंगल स्टेशन पर अतिरिक्त टिकट काउंटर खोलले निर्देश दिहलें। महाप्रबंधक मेला अवधि में गोरखपुर जं. स्टेशन परिसर में श्रद्धालुअन के प्राथमिक उपचार खातिर स्वास्थ्य कैंप अउरी एंबुलेंस के सुविधा उपलब्ध करावे के निर्देश दिहले।
ऊ कहनें कि स्टेशन परिसर में मेला अवधि में पैदल उपरिगामी पुल (एफओबी), कैब-वे अउर दूसर प्रमुख स्थान पर रेलवे सुरक्षा बल अउर राजकीय रेल पुलिस के जवान निगरानी खातिर लगावल जाई। ट्रेन के बारे में लगातार सूचना प्रसारित कइल जाई। खिचड़ी मेला के तैयारी के ले के स्टेशन निदेशक आशुतोष गुप्ता प्रजेंटेशन दिहलें।

बैठक में अपर महाप्रबंधक अनिल कुमार मिश्रा, प्रमुख मुख्य इंजीनियर रंजन यादव, प्रमुख मुख्य विद्युत इंजीनियर एके शुक्ला, प्रमुख मुख्य परिचालन प्रबंधक संजय त्रिपाठी, प्रमुख मुख्य वाणिज्य प्रबंधक संजय कुमार मिश्र आदि मौजूद रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]