[the_ad_group id="30365"]

देवेश अउर मृदुल दुबे बनलें भारतीय वायु सेना के फ्लाईंग ऑफिसर, बढ़वलें गोरखपुर के मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के दू युवक देवेश कुमार शाही अउर मृदुल दुबे भारतीय वायु सेना में फ्लाईंग ऑफिसर के पद पा के अपने क्षेत्र के गौरवान्वित कइले बानें। मानस विहार कॉलोनी, पोस्ट- जंगल सालिकराम, गोरखपुर निवासी चंद्र भूषण शाही के पुत्र देवेश कुमार शाही के चयन पिछले वर्ष वायु सेना में ए.एफ कैट परीक्षा के अंतर्गत भइल। एकरे बाद ऊ एयर फोर्स अकादमी, हैदराबाद से अपने एक बरिस के प्रशिक्षण पूरा कs फ्लाइंग ऑफिसर के पद अर्जित कइलें।

देवेश के कक्षा 12 के बाद एनडीए में चयन भइल रहे। ऊ आपन स्नातक दिल्ली विश्वविद्यालय के हंसराज कॉलेज से पूरा कइलें। इनके पिता देवरिया में यूपी पुलिस में एसआई के पद पs कार्यरत बानें। देवेश अपने सफलता के श्रेय अपने अभिभावकन अउर गुरुजन लोग के देहलें।

उहवें ट्रांसपोर्ट नगर, गोरखपुर निवासी मृदुल दुबे के कक्षा 12 के बाद एनडीए अउर आईआईटी में चयन भइल। आईआईटी रुड़की से स्नातक पूरा कs के ऊ एगो विदेशी कंपनी में कार्यरत रहल, जब उनकर चयन वायु सेना में भइल। इनके पिता खलीलाबाद में अंग्रेज़ी के प्रवक्ता हवें। मृदुल अपने सफलता के श्रेय अपने माता-पिता, गुरुजन अउर मित्रन के देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]