Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सेना भर्ती खातिर वाराणसी सिटी अउर सहजनवां के बीच चली दू जोड़ी विशेष ट्रेन

295

अग्निवीर अभ्यर्थियन के सुविधा खातिर पूर्वोत्तर रेलवे दू जोड़ी विशेष ट्रेनें चलाई। पूर्वोत्तर रेलवे ई विशेष ट्रेन वाराणसी सिटी अउर सहजनवां के बीच चलावे के निर्णय कइले बा।

05109/05110 वाराणसी सिटी-सहजनवां-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी 15 से 20 नवंबर ले अउर 05111 वाराणसी सिटी-सहजनवां विशेष गाड़ी 15 से 20 नवंबर तक अउर 05112 सहजनवां-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी 16 से 21 नवंबर ले चलावल जाई।

फलस्वरूप 05109 वाराणसी सिटी-सहजनवां विशेष गाड़ी 15 से 20 नवंबर ले वाराणसी सिटी से 05:15 बजे प्रस्थान कs के 12:00 सहजनवां पहुंची जबकि, 05110 सहजनवां-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी 15 से 20 नवंबर तक सहजनवां से अपराह्न एक बजे प्रस्थान कs के रात आठ बजे वाराणसी सिटी पहुंची।

05111 वाराणसी सिटी-सहजनवां विशेष गाड़ी 15 से 20 नवंबर ले वाराणसी सिटी से साँझ 7:30 बजे प्रस्थान कर दूसरे दिन तड़के 03:00 बजे सहजनवा पहुंची। जबकी 05112 सहजनवां-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी 16 से 21 नवंबर ले सहजनवां से भोरे 04:00 बजे प्रस्थान कs के 11:00 बजे वाराणसी सिटी पहुंची।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि ई विशेष गाड़ी अपने यात्रा मार्ग में सारनाथ, औंड़िहार, सादात, जखनिया, दुल्लहपुर, मऊ, बेलथरा रोड, लाररोड, सलेमपुर, भटनी, देवरिया सदर, गौरी बाजार, चौरी-चौरा अउर गोरखपुर स्टेशन पs रुकी।

380710cookie-checkसेना भर्ती खातिर वाराणसी सिटी अउर सहजनवां के बीच चली दू जोड़ी विशेष ट्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.