[the_ad_group id="30365"]

गोड़धोइया नाला एसटीपी 17 वार्डन के गंदा पानी करी साफ, 19.3 किमी के बनी नाला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गोड़धोइया नाला के पानी के साफ करे खातिर 38 मिलियन लीटर प्रति दिन (एमएलडी) क्षमता वाला सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट (एसटीपी) बनी। ई शहर के 17 वार्डन से निकले वाले गंदा पानी के साफ करी। एह वार्डन के 44 हजार से भी ज्यादा घर से निकले वाले पानी के टैप कs के एसटीपी ले पहुंचावल जाई।

शासन गोड़धोइया नाला अउर रामगढताल के जीर्णोद्धार खातिर 474.42 करोड़ रुपया के राशि स्वीकृत कइले बा। एकरे तहत कार्यदायी संस्था 19.364 किलोमीटर इंटरसेप्टिंग सीवर लाइन बिछाई। एह सीवर लाइन से कुल 17 वार्ड जंगल तुलसीराम वेस्ट, शिवपुर शहबाजगंज, जंगल शालीग्राम, जंगल तुलसीराम ईस्ट रेलवे कॉलोनी बिछिया, शाहपुर, भेड़ियागढ़, घोसीपुरवा, सेमरा, बशारतपुर, मानबेला, राप्तीनगर, लोहियानगर जंगल नकहा, रामजानकी नगर, शक्तिनगर अउर चक्सा हुसैन के करीब 44,300 घर से निकलले वाले गंदा पानी के जोड़ल जाई।

अइसे में एह वार्डन के सीवेज जौन नाला में बहsला, ऊ 38 एमएलडी क्षमता वाले सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट पर शोधित होखले के बाद रामगढ़ ताल में प्रवाहित होई। उहवें एके बनले से एह वार्डन के कुल 2.20 लाख जनसंख्या लाभान्वित होई।

अगिले 30 साल ले रोज साफ होई रामगढ़ ताल के पानी

एह सीवर लाइन अउर ट्रीटमेंट प्लांट बनले से अगिले 30 बरिस ले गोड़धोइया नाला के इंटरसेप्शन, डायवर्जन अउर ट्रीटमेंट काम होखले खातिर रामगढ़ताल के पानी के गुणवत्ता में उत्तरोत्तर सुधार होई। रामगढ़ताल में जाए वाले अधिकांश सिल्ट अउर स्लज के मात्रा में कमी होखला से जल धारण के क्षमता लमहर समय ले प्रभावित नाइ होई। दुसरे ओर गोड़धोइया नाला के अतिक्रमण मुक्त होखले से बारिश के दिन में पानी के कैचमेंट के विभिन्न मोहल्ला में जलभराव के समस्या से भी निदान मिली।

नाला के दूनों ओर रोड अउर लैंडस्केपिंग बनल आकर्षण

गोड़धोइया नाला एसटीपी खातिर 19.364 किलोमीटर इंटरसेप्टिंग सीवर लाइन, 38 एमएलडी क्षमता का एसटीपी, 61 एमएलडी क्षमता का मेन पंपिंग स्टेशन बनावल जाई। एकरे बनले के बाद गोड़धोइया नाला के दूनों ओर सुंदरीकरण कार्य के क्रम में सीसी सड़क, लैंडस्केपिंग, 22 छोट पुल-पुलिया के अलावा पास के क्षेत्र के लोग के घूमें, टहले के भी कई निर्माण काम होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]