[the_ad_group id="30365"]

राप्ती में नाव पलटले से दू लोग के मौत, बिजली गिरले से तीन लोग के जान गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर अउर बस्ती मंडल में पिछला चार दिन से कहीं कम त।कहीं भारी बरखा भइल बा। एसे जहां अगेती धान के फसल अउर सब्जियन के नुकसान पहुंचल बा, उहवें कई इलाका में जलभराव हो गइल बा। अतवार के गोरखपुर में बारिश से उफनावल राप्ती नदी में नाव पलटले से दू लोग के मौत हो गइल, जबकि सिद्धार्थनगर अउर संतकबीरनगर में बिजली गिरले से तीन लोग के जान चल गइल।
सिद्धार्थनगर में चार दिन में 150 मिमी से बेसी बरखा भइल बा। अतवार के बारिश के दौरान बिजली गिरले से दू लोग के के मौत हो गइल। जबकि छह महिला लोग झुलस गइली। संतकबीरनगर में भी अतवार के बिजली गिरले से एक किसान के मौत हो गइल। बस्ती में करीब 157 मिलीमीटर बरखा भइल बा। जिला में बारिश के कारण केहू के हताहत होखले, मकान, रिहायशी झोपड़ी आदि गिरले के सूचना नइखे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]