[the_ad_group id="30365"]

पालिका के बुलडोजर चलते मकान से निकले लागल चांदी के सिक्का, लूटे वालन के मचल होड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के कइयन जिलन में चार-पांच दिन से हो रहल बारिश से हादसन के आशंका बढ़ल त पालिका हरकत में आइल। नगर पालिका अइसन घरन के चिह्नित कइलस जवन पूरा तरे से जर्जर रहे। ओकरा के गिरावे खातिर जेसीबी पहुंचल। मकान के गिरतही कुछ अइसन चीज निकले सुरू भइल जवन कौतूहल के विषय बन गइल। लोगन में लूटे तक के होड़ लाग गइल।

ममिला बदायूं जिला के बिल्सी नगर के बालाजी तिराहा के ह। बरखा के चलते कहीं कवनो हादसा ना हो जाव, एकरा के लेके पालिका सतर्क हो गइल। पालिका जेसीबी के माध्यम से जर्जर मकानन के चिह्नित क के ओकनी के तुरे खातिर पहुंचल रहली। सोमार के पालिका के जेसीबी तहसील प्रशासन आ मय पुलिस फोर्स के संगे एगो जर्जर मकान के तुरे खातिर पहुंचल रहे। बरखा के चलते मकान के गिरला के आशंका रहे।

मकान के वजह से कहीं दुर्घटना ना हो जाए एहिसे पालिका जर्जर मकान के गिरवा देलस। जइसही जर्जर मकान गिरल त ओमे से सिक्का निकलल सुरू हो गइल। पहिले त एक-दू लोग आगे बढ़ल आ सिक्कन के हाथ में उठावल। मलबा में गंदा हो चुकल एह सिक्कन के जब साफ कइल गइल त ऊ चांदी के निकलल। बस फेर का रहे एतना सुनतही अउरियो लोग सिक्कन के लूटे खातिर दउर पड़ल। चांदी के सिक्कन के लूटने वालन के होड़ लाग गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]