[the_ad_group id="30365"]

सीवान रेलवे स्टेशन पर लागी दूगो स्वचालित सीढ़ी आ लिफ्ट: अमृत स्टेशन योजना अंतर्गत पुनर्विकास के काम सुरू, यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत सीवान रेलवे जंक्शन पs एस्केलेटर लगावल जाई। एकरा खातिर काम सुरू कइल जा चुकल बा। बता दीं कि अमृत स्टेशन योजना अंतर्गत रेलवे स्टेशनन के पूर्ण विकास काम कइल जा रहल बा। एही के तहत सीवान रेलवे स्टेशन पs सौंदर्यीकरण आ पुनर्विकास के काम करावल जा रहल बा। एकरा तहत रेलवे स्टेशन पs प्लास्टर आदि के काम सुरू हो चुकल बा।

परिसर के आउर सुंदर बनावल जाई। संगही वाराणसी मंडल के कुल 22 अलग-अलग रेलवे स्टेशनन पs एस्केलेटर (स्वचालित सीढ़ी) बनावल जा रहल बा। सीवान रेलवे स्टेशन पs दुगो एस्केलेटर बनावल जाई। बता दीं कि प्लेटफार्म संख्या-1 पs ऊपरगामी पुल आ लिफ्ट के निर्माण काम सुरू कइल जा चुकल बा। ओहिजा विकलांग यात्रियन खातिर लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ी बनावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि सीवान जंक्शन पs निर्माण काम प्रगति पs बा। बता दीं कि एक दिन पहिलही डीआरएम विनीत श्रीवास्तव निर्माण काम के संगे-संगे रेलवे स्टेशन के सर्कुलेटिंग एरिया, टिकट काउंटर आदि के निरीक्षण कइले रहस। रेलवे स्टेशन के कर्मियन के कइयन गो दिशा निरदेस दिहल गइल रहे।

एह दौरान ऊ कहले रहस कि रेलवे परिसर के आउर सुंदर बनावल जाई। एकरा खातिर आकर्षक एगो प्रवेश द्वार  बनावल जाई। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि रेलवे स्टेशन पs लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ी के निर्माण काम जल्दिये पूरा हो जाई।

बता दीं कि प्लेटफार्म संख्या एक पs पहिलही से दुगो स्वचालित सीढ़ी बा। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन पs एगो लिफ्ट पहिलही बा। ओहिजा दु आ लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ियन के लग गइला के बाद यात्रियन के आउर सुविधा मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]