[the_ad_group id="30365"]

ट्विटर कइलस ‘Koo’ के अकाउंट सस्पेंड:’Koo’ के को-फाउंडर मस्क पर भड़कलें, बोललें- ई कइसन फ्री स्पीच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर भारतीय माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म Koo के एगो अकाउंट सस्पेंड कs देहले बानें। ट्विटर हैंडल @kooeminence, जेके यूजर्स के क्वेरी खातिर स्थापित कइल गइल रहे, सुक्क के सस्पेंड कs दिहल गइल। एहसे पहिले ट्विटर न्यूयॉर्क टाइम्स, CNN अउर वॉशिंगटन पोस्ट सहित कई प्रमुख ग्लोबल जर्नलिस्ट के अकाउंट्स के सस्पेंड कइल गइल।

कू के को-फाउंडर अउर चीफ एग्जीक्यूटिव अप्रमेय राधाकृष्ण कहनें ‘हमके पता नइखे, कि हैंडल काहें सस्पेंड कइल गइल। कौनो स्पष्टीकरण नाइ दिहल गइल बा।’ ऊ एगो ट्वीट भी कइलें ‘ट्विटर पs कू के एगो हैंडल के बैन कs दिहल गइल रहे। काहे खातिर?! काहेसेकि हम ट्विटर से कॉम्पिटिशन करेनी? एहीलिए? मास्टोडनो अजुओ ब्लॉक कs दिहल गइल। ई कइसन फ्री स्पीच बा अउर हम कौने दुनिया में जी रहल बानीं जा? इहां का हो रहल बा @elonmusk?’

दुनिया के दूसर सबसे बड़ माइक्रोब्लॉगिंग साइट ह ‘कू’

पिछले महीना कंपनी के फाउंडर मयंक बिद्वतका बतवले रहनें कि कू अब दुनिया के दूसर सबसे बड़ माइक्रो-ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म बन गइल बा। एकरे यूजर्स के संख्या 5 करोड़ (50 मिलियन) के पार निकल गइल बा।

कंपनी के वेबसाइट पर दिहल गइल जानकारी के अनुसार फिलहाल कू ऐप भारत के अलावा अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, सिंगापुर, कनाडा, नाइजीरिया, यूएई, अल्जीरिया, नेपाल अउर ईरान सहित 200 से ज्यादा देश में उपलब्ध बा। कू 10 भाषा में उपलब्ध बा।

मार्च 2020 में कू भइल रहे लॉन्च

कू के मार्च 2020 में देशी माइक्रो-ब्लॉगिंग ऐप के तौर पर लॉन्च कइल गइल रहे। कू के एके बेंगलुरु के बॉम्बीनेट टेक्नोलॉजीज प्राइवेट लिमिटेड बनवले बा। ऐप के भारत के अप्रमेय राधाकृष्ण अउर मयंक बिद्वतका डिजाइन कइल गइल बा।

ट्विटर टॉप पर

दुनिया में ट्विटर के 22 करोड़ एक्टिव यूजर्स बा। अमेरिका में 7.6 करोड़ अउर भारत में एकरे 2.3 करोड़ यूजर्स ह। दुनियाभर में हर रोज करीब 50 करोड़ ट्वीट कइल जाला। ट्विटर के जुलाई 2006 में लॉन्च कइल गइल रहे। जैक डॉर्सी, नोआ ग्लास, इवान विलियम्स अउर बिज स्टोन एकर स्थापना कइले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]