Twitter: का हमरा ट्विटर के प्रमुख के पद छोड़ देवे के चाहीं?’ मस्क यूजर्स से माफी मांगत सुरू कइलें पोल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2022

ट्वीटर पर लगातार नीतिगत बदलावन के कारण आलोचना के शिकार हो रहल एकर मालिक एलन मस्क अब यूजर्स से खुद अपना बारे में सवाल कइलें बाड़े। ट्विटर के सीईओ मस्क ने एह सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म

Share

ट्वीटर पर लगातार नीतिगत बदलावन के कारण आलोचना के शिकार हो रहल एकर मालिक एलन मस्क अब यूजर्स से खुद अपना बारे में सवाल कइलें बाड़े। ट्विटर के सीईओ मस्क ने एह सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs एगो पोल (twitter poll) सुरू कइलें बाड़ें। एमे ऊ एह माइक्रो ब्लॉगिंग साइट के लाखन यूजर्स से पूछले बाड़ें है कि ‘का हमरा ट्विटर के प्रमुख के रूप में पद छोड़ देवे के चाहीं?’

मस्क ट्वीट कs के कहलें कि ऊ एह पोल के फैसला के पालन करिहें। एगो आउर ट्वीट में ऊ कहलें, ‘आगे से ट्विटर बड़ नीतिगत बदलावन के पहिले पोल (यूजर्स के राय) कराई, हम माफी मांगत बानी, दोबारा अइसन ना होई।’

 

एलन मस्क एकरा पहिलहू कइयन बेर एह तरे के पोल करा चुकल बाड़े। ई पोल अनूठा एहसे बा, काहेकि एमे ऊ खुद आपन कंपनी के सीईओ के पद छोड़े के पेशकश कइले बाड़ें। देखे के होई कि यूजर्स एह का राय देत बा लोग आ मस्क ओकरा के मानत बाड़ें कि ना।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.