Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वाराणसी जोन के एडीजी के ट्विटर अकाउंट हैक, साइबर सेल के टीम रिस्टोर में जुटल

391
Google Ads 300*250 for posts

साइबर जालसाज ठगी के नया-नया हथकंडा अपना रहल बानें। बाबतपुर एयरपोर्ट के बाद अब जालसाज लोग वाराणसी एडीजी जोन (ADG ZONE VARANASI) के ट्विटर अकाउंट हैक हो गइल बा। अकाउंट के रिस्टोर के प्रयास कइल जा रहल बा। एडीजी जोन के सोशल मीडिया टीम साइबर एक्सपर्ट के मदद ले रहल बा। एकर शिकायत ट्विटर से भी मेल के जरिए कईल गईल बा।

तीन दिन पहिले साइबर जालसाज सब लाल बहादुर शास्त्री इंटरनेशनल एयरपोर्ट के ऑफिशियल ट्विटर अकाउंट के हैक क लेहले रहनें सब। जेकरे चलते एयरपोर्ट अथॉरिटी ले हड़कंप मचल रहे। साइबर सेल अउरी फूलपुर थाना में एकर शिकायत कईल गईल। एह मामला के जांच साइबर सेल करते रहल कि अपर पुलिस महानिदेशक वाराणसी जोन के ट्विटर हैक क लेहल गइल। साइबर सेल के टीम ट्विटर के रिस्टोर कइले में जुटल बा।

310660cookie-checkवाराणसी जोन के एडीजी के ट्विटर अकाउंट हैक, साइबर सेल के टीम रिस्टोर में जुटल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.