Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

506
  1. बिहार: विष्णुपद मंदिर में मुश्लिम मंत्री के प्रवेश पs हंगामा, गया में सीएम के संगे पहुंचल रहस इसराइल मंसूरी, गंगा जल से धोवल गइल गर्भगृह।
  2. बिहार: मुम्बई से धराइल पत्नी-बेटी के माथ काट के सेल्फी लेवे वाला, मधेपुरा में बोलल- आपन बेटी पालल मुस्किल होला, दोसरा के बेटी कइसे पालती।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी सरकार देर रात कइलस 15 आईपीएस के तबादला, बरेली से कानपुर भेजल गइले रविन्द्र कुमार।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के 22 जिलन में सुखा के हालात, योगी सरकार जल्दिये ले सकत बिया बड़ फसीला, हो सकेला सूखाग्रस्त घोषित।
  5. झारखंड: कर्ज पs सूद के भुगतान करे से केंद्र सरकार कइलस इनकार, राज्य सरकार के भेजलस पत्र।
  6. 18 राज्यन में बाढ़ के खतरा: MP-Rajsthan में लगातार बरखा से बांधन पs दबाव, निगरानी करे वाला सिस्टम डेढ़ महीना से बंद।
  7. का बन होई फ्री बिजली आ Wifi जइसन स्कीम: सुप्रीम कोर्ट आज कs सकत बा फसीला। आमने-सामने बावे केंद्र आ केजरीवाल।
  8. शिवसेना पs सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई आज: ठाकरे गुट एकनाथ के संगे गइल विधायकन के अयोग्य ठहरावे के मांग करी।
  9. बेहिसाब बढ़ल ममता के विधायकन के कमाई: TMC के 25 से जादे नेता जांच के दायरा में, एमे से कइयन लोग दीदी के बहुते खास।
  10. भारत के जिम्बाव्वे पs क्लीन स्वीप कइलस: तीसरा वनडे में 13 रन से देलस मात, पाकिस्तान के रिकॉर्ड के बराबरी कइलस।
310570cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.