[the_ad_group id="30365"]

ट्विंकल खन्ना बर्थडे पs बनली जलपरी, पति अक्षय के साथे कइली समुद्र के अंदर वाला दुनिया कs सैर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अक्षय कुमार के पत्नी, एक्टर से राइटर बनल ट्विंकल खन्ना आज आपन जन्मदिन मनावत बाड़ी। एक्ट्रेस कs इ बर्थडे उनका खातीर काफी खास हs, काहेकी उ इs दिन अपने पापा राजेश खन्ना के साथ शेयर करेली। व‌इसे इ बर्थडे पs एक्ट्रेस मुंबई में नाही बाड़ी। उ अपना परिवार के साथे वेकेशन पs बाड़ी आ एकरा झलक भी उनका अपना इंस्टाग्राम हैंडल पs फैंस के साथे साझा क‌इली। उs वीडियो में दिखल कि कवने तरह से आपन जन्मदिन मनावत बाड़ी आ उहो थोड़े अलग स्टाइल में। इs वीडियो में ट्विंकल के साथे उनका पति अक्षय कुमार भी नजर आवत बाड़े।

दिखल अंडर वॉटर कs नजारा

ट्विंकल खन्ना ने आपन अलग तरीका वाला जन्मदिन सेलिब्रेशन कs झलक फैंस के साथे साझा क‌इली। उs इस्टाग्राम पs एगो वीडियो साझा क‌इली ,ज‌उना मे उ आपन पति अक्षय कुमार के साथे समुंद्र में अंडर वॉटर स्विम करत बाड़ी । उनका इs वीडियो काफी मस्ती भरल आ एक्ट्रेस पानी के अंदर बसल जल जीवन के दुनिया दिखावत बाड़ी। अक्षय कुमार आ ट्विंकल दूनों जने मछली के तरह पानी के अंदर स्विम करत नजर आवत बाड़े । व‌इसे इs वीडियो के सामना अइले के बाद साफ हो ग‌इल बा कि अक्षय कुमार पत्नी ट्विंकल के बर्थडे पs कहली बाहर वेकेशन मनावे ग‌इल रहले, जहां उ दोनों फैमिली के साथे खूब मस्ती करत बाड़ी।

बर्थडे पे कहली खास बात

एह वीडियो के पोस्ट करत ट्विंकल खन्ना एगो कैप्शन भी लिखले कि, ‘हमार 50वां जन्मदिन पs जब हम अपना आसपास के दुनिया अवुरी अपना परिवार के देखनी तs आज भी हमार आंख अवुरी दिल अचरज से भरल बा।’ लोग बड़हन दार्शनिकन के उद्धरण दे सकेला बाकिर हम फाइंडिंग नीमो से डोरी के पालन करत बानी जहाँ जिनिगी चाहे जवन होखे, ऊ कहत बाड़ी कि ‘बस तैरत रहीं.’ रोमांच कबो खतम ना होखे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]