[the_ad_group id="30365"]

Trump Zelenskyy Row: जेलेंस्की से बहस के बाद अमेरिका के बड़ा कदम, रोकल गई यूक्रेन के सैन्य सहायता

Trump Zelenskyy Row: जेलेंस्की से बहस के बाद अमेरिका के बड़ा कदम, रोकल गई यूक्रेन के सैन्य सहायता
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछला हफ्ता व्हाइट हाउस के ओवल ऑफिस में यूक्रेन के राष्ट्रपति वोलोदिमिर जेलेंस्की के अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से बहस के बाद अमेरिका बड़ डेग उठवले बाड़ें। अमेरिका यूक्रेन के सैन्य सहायता रोक देले बा।

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, व्हाइट हाउस के एगो अधिकारी कहलें कि अमेरिका यूक्रेन के सहायता रोक रहल बा आ एकर समीक्षा कs रहल बा। ई रोक तब तक रही जब तक ट्रंप ई तय नइखे कs लेत कि यूक्रेन के नेता शांति के प्रति सद्भावनापूर्ण प्रतिबद्धता प्रदर्शित करत बाड़ें। ई सहायता के स्थायी समाप्ति नइखे। ई एगो ठहराव हs। आदेस के तहत सब अमेरिकी सैन्य उपकरण जवन यूक्रेन में नइखे, ओकरा के रोक दिहल जाई। अमेरिकी राष्ट्रपति ट्रंप रक्षा सचिव पीट हेगसेथ के सहायता विराम लागू करे के आदेस देलें।

बतावल जा रहल बा कि ट्रंप रूस के साथ चल रहल युद्ध के पूरा तरे से समाप्त करे खातिर यूक्रेन पs दबाव बनावल चाहत बाड़ें। ऊ चाहत बाड़ें कि जेलेंस्कियो एमे उनकर साथ देस। बाकिर जेलेंस्की युद्ध समाप्त करे खातिर सुरक्षा के गारंटी मांग रहल बा। एकरा पहिले जब जेलेंस्की कहलें कि रूस के संगे युद्ध समाप्ति के समझौता करे के समय अभी नइखे। तs ट्रंप एकरा के यूक्रेनी नेता के सबसे खराब बयान बतवले रहस। ट्रंप कहले रहस कि जेलेंस्की के एह बयान के अमेरिका जादे समय तक बर्दाश्त ना करी।

पिछला हफ्ता ट्रंप आ जेलेंस्की में भइल रहे बहस

यूक्रेनी राष्ट्रपति वोलोदिमिर जेलेंस्की आ अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के बीच बीतल हफ्ता ओवल ऑफिस में भइल तीखी बहस पूरा दुनिया देखलस। बैठक में राष्ट्रपति ट्रंप जेलेंस्की के जमके खरी-खोटी सुनवले रहस। जब जेलेंस्की बातचीत खातिर ओवल ऑफिस पहुंचलें तs ट्रंप पहिले जेलेंस्की के पोशाक के लेके मजाक कइलें आ कहलें कि ‘रउआ पूरा तरे से तइयार होके आइल बा’। हालांकि, ओह वक्त जेलेंस्की बात के संभार गइलें आ मुस्कुराके रह गइल रहस।

बैठक में तनाव तब चरम पs पहुंच गइल जब जेलेंस्की चेतावनी देलें कि रूसी आक्रमण अमेरिका खातिर एगो दीर्घकालिक खतरा बा। जेलेंस्की कहलें, ‘रउआ लगे अच्छा समुद्र बा आ रउआ अभी खतरा महसूस नइखीं करत, बाकिर रउआ भविष्य में महसूस करेम।’ ट्रंप खातिर एतना बहुते जादे रहे आ ऊ जेलेंस्की पs तीखl जुबानी हमला कइलें आ एकरा बाद बैठक के अचानक समाप्त कs दिहल गइल रहे।

Read Also: IND vs AUS: आज चली रोहित-कोहली के बल्ला? ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ ICC टूर्नामेंट में दुनो के आंकड़ा डरावे वाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]