[the_ad_group id="30365"]

Oscars 2025: कब-कहां देखीं ऑस्कर अवॉर्ड? भारत में कइसे देख पाएब लाइव

ऑस्कर अवॉर्ड
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑस्कर अवार्ड के आयोजन अमेरिका के एकेडमी ऑफ मोशन पिक्चर आर्ट्स एंड साइंसेज (AMPAS) द्वारा हर साल कइल जाला। 97वां अकादमी पुरस्कार के उलटी गिनती शुरू हो गइल बा आ अब जल्दिए एह आयोजन के लाइव प्रसारण कइल जाई. जवना के दर्शक घर में बइठ के देख सकेलें. दुनिया भर के दर्शक जल्दिए ओटीटी पs 97वां अकादमी अवार्ड देख सकेलें. एही बीच भारत के दर्शक मार्च 2025 में एह सबसे लोकप्रिय शो के देख सकेलें.  रेड कार्पेट के आयोजन सबेरे पांच बजे से शुरू होई। एकरा अलावे ऑस्कर जीते वाला सितारन के नाव भी बतावल जाई।

भारत में ऑस्कर 2025 कब आ कहाँ देखल जाव?

ई लोकप्रिय पुरस्कार समारोह 2 मार्च 2025 के अमेरिका में होखे वाला बा। भारत में दर्शक सबेरे साढ़े पाँच बजे से स्टार मूवीज आ जियो हॉटस्टार पs लाइव देख सकेलें. स्ट्रीमिंग प्लेटफार्म पs पुरस्कार समारोह के एगो क्लिप भी शेयर कइल गइल.

ऑस्कर 2025 के होस्ट के बाड़े?

एह शो के मेजबानी पहिला बेर हास्य अभिनेता आ पॉडकास्टर कॉनन ओ ब्रायन करीहें. एहसे पहिले एह पुरस्कार समारोह के मेजबानी जिमी किमेल करत रहले. 97वां अकादमी पुरस्कार कैलिफोर्निया के हॉलीवुड के डॉल्बी थिएटर में होखी. ओ ब्रायन 2002 आ 2006 में एमी के मेजबानी भी कइले बाड़ें।

2025 के ऑस्कर खातिर नामांकित भइले

साल 2025 के ऑस्कर खातिर नामांकित लोग में ‘सिंग सिंग’ खातिर कोलमैन डोमिंगो, ‘द अप्रेंटिस’ के लिए सेबेस्टियन स्टेन आ ‘कॉन्क्लेव’ खातिर राल्फ राल्फ फिएनेस बाड़े. ‘ड्यून’ आ ‘वोंका’ में अपना तारकीय भूमिका से बॉक्स ऑफिस पs हलचल मचावे वाला टिमोथी चालमेट के भी नामांकन मिलल. ‘ए कम्पलीट अननोन’ में डायलन के किरदार खातिर उनुका के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता खातिर नामांकित कइल गइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]