[the_ad_group id="30365"]

चंद्रकांति रमावती आर्य महिला पीजी कॉलेज में दृश्य कला विभाग द्वारा रेत शिल्प वर्कशॉप के माध्यम से दीहल गइल श्रद्धा के श्रद्धांजलि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु चंद्रकांति रमावती आर्य महिला पीजी कॉलेज में दृश्य कला विभाग द्वारा रेत शिल्प वर्कशॉप के माध्यम से ‘श्रद्धा के श्रद्धांजलि’ दीहल गइल। श्रद्धा मर्डर कांड के बहुते घिनौना घटना के मद्देनजर दृश्यकला विभाग के छात्रा लोग रेत पs श्रद्धा के आकृति उकेर के “श्रद्धा के श्रद्धांजलि” अर्पित कइल। प्राची ,साजिदा, सुमन,प्रतिभा, नेहा आदि छात्रा लोग एके उकेर के एगो सच्चा श्रद्धांजलि अर्पित करे के कोशिश कइल।

एह कार्यक्रम के संयोजक डॉ0 रेखा रानी शर्मा बतवली कि ई महिला महाविद्यालय ह अउर एह तरह के घटना के बता के सब के जागरूक कइल जा सकsता। ताकि कौनो घटना फेर कौनो अउर श्रद्धा के संगे न होखे। महाविद्यालय के प्रबन्धक डा0 विजयलक्ष्मी मिश्रा,प्राचार्य डा० सुमन सिंह, आई०क्यू०ए०सी० समन्वयक डा० रेखा श्रीवास्तव प्र आदि प्रवक्तागण लोग श्रद्धांजलि अर्पित कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]