[the_ad_group id="30365"]

21 अक्टूबर के पूरा यूपी में आयोजित होई मुलायम सिंह यादव खातिर श्रद्धांजलि सभा, सपा करी आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी प्रदेश भर में मुलायम सिंह यादव के श्रद्धांजलि सभा आयोजित करी। सपा के तरफ से प्रदेशभर के पदाधिकारियन के एकरे खातिर निर्देश भी जारी कs दिहल गइल बा। 21 अक्टूबर के प्रदेशभर में श्रद्धांजलि सभा आयोजित करे के निर्देश दिहल गइल बा। सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव के अर्पित श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल जाई। बता देईं कि एक किसान परिवार में पैदा भइल सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव के लमहर बीमारी के बाद सोमार के गुरुग्राम के एगो अस्पताल में निधन हो गइल। ऊ 82 बरिस के रहनें।

उनके निधन के बाद कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी अपनी भारत जोड़ो यात्रा के दौरान अपने विश्राम शिविर में समाजवादी पार्टी के संरक्षक मुलायम सिंह के याद में प्रार्थना सभा कइलें अउर दिवंगत नेता के श्रद्धांजलि दीहलें। पूर्व रक्षा मंत्री अउर उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह के याद में पांच मिनट के शोक सभा कइलें अउर दू मिनट के मौन रखल गइल। उनके संगे कांग्रेस के वरिष्ठ नेता दिग्विजय सिंह अउर रणदीप सुरजेवाला अउर कर्नाटक इकाई के प्रमुख डी.के. शिवकुमार भी रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]