[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दू-तीन दिन में कम हो सकsता उफनाइल नदियन के जलस्तर, नेपाल से पानी आइल भइल कम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उहवें, बुध के सिंचाई मंत्री स्वतंत्रदेव सिंह बस्ती से ले के गोरखपुर तक बाढ़ प्रभावित क्षेत्र के दौरा कइलें। ओंने, सरयू नदी के बढ़त जलस्तर के देखत सिंचाई विभाग के अधिकारी आशंकित बानें कि कहीं साल 2009 के उच्चतम स्कोर न पार हो जाए। हालांकि सिंचाई विभाग के जिम्मेदार लोग के कहनाम बा कि बलरामपुर में राप्ती नदी के जलस्तर कम होखे लागल बा। सरयू नदी में भी नेपाल से पानी आइल कम हो गइल बा।

गोरखपुर में बाढ़।

अइसन में जिला में दू-तीन दिन में जलस्तर कम हो सकsता। अधिकारियन के कहनाम बा कि सरयू नदी में पानी अधिक होखले के कारण राप्ती नदी का पानी नीचे नइखे जा पावत। एही वजह से जिला में बाढ़ के स्थिति बनल बा। सिंचाई विभाग के प्रमुख अभियंता एनसी उपाध्याय कई दिन से गोरखपुर में डेरा डरलें बानें। ऊ लगातार बंधा के निरीक्षण कर मातहतन के आवश्यक निर्देश दे रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]